स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के स्टार जैवलिन थ्रोअर नीरज चोपड़ा चोट के चलते एह साल के बाकी बचल सब मैचन से आपन नाम वापस ले लेले बाड़ें। अब ऊ अगिला महीना होखे वाला डायमंड लीग फाइनल्स आ एशियन गेम्स में हिस्सा ना ले पइहें। एशियन गेम्स में नीरज से गोल्ड मेडल के बड़ उम्मीद रहे, एहसे उनकर बाहर होखल भारतीय खेल प्रेमियन खातिर बड़ झटका मानल जा रहल बा।
नीरज चोपड़ा सोशल मीडिया पोस्ट के माध्यम से अपना फैसला के जानकारी देलें। ऊ बतवलें कि ट्रेनिंग के दौरान उनकर टखना में लिगामेंट फट गइल। डॉक्टर आ टीम से सलाह-मशविरा कइला के बाद ऊ एह सीजन के बाकी प्रतियोगिता में ना उतरे के फैसला कइलें।
चोट के चलते सीजन खतम कइलें नीरज
नीरज अपना पोस्ट में कहलें कि दुर्भाग्य से ट्रेनिंग के दौरान उनकर टखना के लिगामेंट में चोट लाग गइल। डॉक्टर आ टीम से बातचीत के बाद तय भइल कि ऊ अब एह सीजन के बाकी इवेंट में हिस्सा ना लिहें।नीरज के चोट भारतीय टीम खातिर चिंता के विषय बा, काहेकि ऊ एशियन गेम्स में भारत के सबसे मजबूत पदक दावेदारन में से एगो रहलें।
डायमंड लीग फाइनल्स में बना लेले रहस जगह
नीरज सुक के सानदार प्रदर्शन के दम पs डायमंड लीग फाइनल्स खातिर क्वालिफाई कइले रहलें। उनका नाम के आगे क्वालिफिकेशन के ‘Q’ मार्क लाग गइल रहे। ज्यूरिख में मुकाबला ना खेलला के बादो ऊ फाइनल्स के रेस में आगे रहलें।
हालांकि फाइनल में जगह बनवला के अगिला दिने नीरज बाकी सब टूर्नामेंट से हटे के फैसला कइलें। ई खबर उनका प्रशंसकन खातिर बहुते निराशाजनक रहल।
डायमंड लीग में 12 अंक हासिल कइले रहलें
2026 में नीरज चोपड़ा डायमंड लीग के दोहा आ लुसाने मुकाबला में हिस्सा लेले रहलें। दुनु प्रतियोगिता से ऊ कुल 12 अंक हासिल कइलें।
लुसाने में नीरज एह सीजन के आपन सर्वश्रेष्ठ 88.05 मीटर के थ्रो फेंकले रहलें। हालांकि ऊ मात्र 9 सेंटीमीटर के अंतर से पहिला स्थान हासिल करे से चूक गइल रहस आ दूसरा स्थान पs रहलें। एकरा अलावे 2026 में नीरज दोहा डायमंड लीग में चउथा आ कॉमनवेल्थ गेम्स में दूसरा स्थान हासिल कइले रहलें। हालांकि दुनु प्रतियोगिता में ऊ 86 मीटर के दूरी पार ना कs पवलें।
Read Also: Nepal Tragedy : नेपाल में बाढ़ से 626 लोगन के मौत, भारत C-130 विमान से भेजलस 10 टन राहत सामग्री






