कॉलेजियम प्रणाली के खतम करी NDA’, गृहमंत्री शाह के मौजूदगी में उपेंद्र कुशवाहा के बड़ बयान

By Anurag Ranjan

Published on: May 26, 2024

Bihar politics: पूर्व केंद्रीय मंत्री आ बिहार के काराकाट सीट से एनडीए उम्मीदवार उपेंद्र कुशवाहा कोलेजियम प्रणाली पs बड़ बयान देले बाड़े है। कुशवाहा कहले कि सत्ता में वापस अइला के बाद एनडीए न्यायपालिका में

Share

Bihar politics: पूर्व केंद्रीय मंत्री आ बिहार के काराकाट सीट से एनडीए उम्मीदवार उपेंद्र कुशवाहा कोलेजियम प्रणाली पs बड़ बयान देले बाड़े है। कुशवाहा कहले कि सत्ता में वापस अइला के बाद एनडीए न्यायपालिका में न्यायाधीशन के नियुक्ति के अलोकतांत्रिक कॉलेजियम प्रणाली के खत्म करे के नया प्रयास करी। उपेंद्र कुशवाहा ई बयान अमित शाह के मौजूदगी में एगो चुनावी जनसभा में देले।

बिहार के काराकाट सीट से एनडीए समर्थित रालोमो उम्मीदवार क्षेत्र में आयोजित एगो चुनावी रैली में केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के उपस्थिति में ई बयान देले। कुशवाहा ने कहले कि कॉलेजियम प्रणाली अलोकतांत्रिक बा, एमें कई गो कमी बन ई वंचितन, ओबीसी, इहाँ तक कि ऊंच जातियन के गरीब वर्ग खातिर उच्च न्यायपालिका के दरवाजा बंद कऽ देले बा।

उपेंद्र कुशवाहा कहले कि सुप्रीम कोर्ट आ हाईकोर्ट में खंडपीठन के संरचना पs नजर डालल जाव तऽ, कुछ सौ परिवार के सदस्यन के कब्जा बा। इहे कारण बा कि मौजूदा राष्ट्रपति से लेके पूर्ववर्ती राष्ट्रपती एह विसंगतिपूर्ण प्रणाली के आलोचना कइलें।

2014 के विधेयक के कइलें जिक्र

प्रधानमंत्री मोदी के पहिला कार्यकाल में मानव संसाधन विकास राज्य मंत्री रह चुकल कुशवाहा राष्ट्रीय न्यायिक नियुक्ति आयोग विधेयक, जवना के 2014 में लिआवल गइल रहे, के याद करत घरी अफसोस जतवले कि कवनो कारण से, एकरा के सुप्रीम कोर्ट रद्द कऽ देले रहे।

लालू यादव पऽ कइले अटैक

एही दौरान रालोमो अध्यक्ष लालू यादव के सामाजिक न्याय के दावा पs निशाना सधले। रालोमो अध्यक्ष लालू यादव के लेके दावा कइले कि लालू यादव कांग्रेस नेतृत्व वाली गठबंधन सरकार में मंत्री रहले आ पूरा कार्यकाल में उनकर महत्वपूर्ण सहयोगीयो रहले, बाकिर उऽ कॉलेजियम के खिलाफ कवनो आवाज ना उठवलें।

राजद सुप्रीमो पs कसले तंज

राजद प्रमुख के खिलाफ भ्रष्टाचार के घोटालन के जिक्र करत घरी उपेंद्र कुशवाहा कहले कि हम अइसन कवनो व्यक्ति से अइसन मुद्दन पs सैद्धांतिक रुख के उम्मीद नइखी कर सकत, जवन जेल आ जमानत के बीच झूलत रहेला।

कुशवाहा कहले कि ई एनडीए रहे, जवन अलोकतांत्रिक कॉलेजियम प्रणाली सवाल उठवलस। आ ई एनडीए बा, जवन एह दिशा में प्रयास कइल आगहू जारी राखि।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.