PM Modi करिहें अपना मंत्रियन के संगे बैठक, सरकार के कामकाज के करिहें समीक्षा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 2, 2024

आवे वाला लोकसभा चुनाव के लेके सब पार्टी तइयारी सुरू कs देले बाड़ी सs। एह बीच, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार के केंद्रीय मंत्रिपरिषद के बैठक के अध्यक्षता करिहें। अहम राजनीतिक महत्व रखत बा बैठक पीएम

Share

आवे वाला लोकसभा चुनाव के लेके सब पार्टी तइयारी सुरू कs देले बाड़ी सs। एह बीच, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार के केंद्रीय मंत्रिपरिषद के बैठक के अध्यक्षता करिहें।

अहम राजनीतिक महत्व रखत बा बैठक

पीएम मोदी प्रमुख नीति आ शासन के मुद्दन पs चरचा खातिर समय-समय पs बैठक करत रहेले। हालांकि, तीन मार्च के होखे वाली बैठक अप्रैल-मई में होखे वाला लोकसभा चुनावन के लेके अहम राजनीतिक महत्व रखत बिया। मालूम होखे कि निर्वाचन आयोग कुछ सप्ताह में चुनाव कार्यक्रमन के घोषणा कs सकत बा।

सुषमा स्वराज भवन में होई बैठक

पीएम मोदी के अध्यक्षता में अतवार के होखे वाली केंद्रीय मंत्रिपरिषद के बैठक उनका सरकार के दूसरका कार्यकाल के दौरान एह तरे के आखिरी बैठक होखे के संभावना बा। समाचार एजेंसी पीटीआई बतवलस कि ई बैठक दिल्ली के चाणक्यपुरी डिप्लोमैटिक एन्क्लेव में सुषमा स्वराज भवन में होई।

चुनाव आयोग सुरू कइलस तइयारी

एह बैठक में चरचा के दौरान सरकार के प्रदर्शन पs धेयान केंद्रित कइल जा सकत बा। दरअसल, भाजपा के नेतृत्व वाला NDA गठबंधन अपना विकास के दम पs मोदी के नेतृत्व में तीसरका कार्यकाल खातिर केंद्र में सत्ता बरकरार रखे के विश्वास व्यक्त कइले बा। मालूम होखे कि आवे वाला लोकसभा चुनाव के देखते चुनाव आयोग अलग-अलग राज्यन में चुनाव के तइयारियन के समीक्षा सुरू कs देले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.