मॉस्को-गोवा फ्लाइट के मिलल बम से उड़ावे के धमकी, उज्बेकिस्तान कइल गइल डायवर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 21, 2023

मॉस्को से गोवा जाये वाली फ्लाइट के बम से उड़ावे के धमकी मिलल बा, जवना के बाद प्लेन के उज्बेकिस्तान खातिर डायवर्ट कइल गइल बा। समाचार एजेंसी पीटीआइ के मोताबिक, रूस के राजधानी मास्को से

Share

मॉस्को से गोवा जाये वाली फ्लाइट के बम से उड़ावे के धमकी मिलल बा, जवना के बाद प्लेन के उज्बेकिस्तान खातिर डायवर्ट कइल गइल बा। समाचार एजेंसी पीटीआइ के मोताबिक, रूस के राजधानी मास्को से 240 यात्रियन के लेके गोवा जा रहल एगो चार्टर्ड विमान में सनीचर के भोरे के धमकी मिलल। एकरा बाद विमान के उज्बेकिस्तान के ओर मोड़ दिहल गइल। पुलिस एह बात के जानकारी देलस।

गोवा लैंडिंग से पहिले विमान कइल गइल डायवर्ट

एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतवलें कि विमान के सबेरे सवा चार बजे दक्षिण गोवा के डाबोलिम हवाईअड्डा पs उतरे के रहे। ऊ कहलें कि अजूर एयर द्वारा संचालित फ्लाइट (AZV2463) के भारतीय हवाई क्षेत्र में प्रवेश करे से पहिले डायवर्ट कइल गइल बा। अधिकारी कहलें डाबोलिम हवाई अड्डा के निदेशक के 12.30 बजे विमान में बम लगावल गइला के बाद एगो ई-मेल प्राप्त भइल रहे, जवना के बाद विमान के डायवर्ट कइल गइल।

मॉस्को-गोवा फ्लाइट के जामनगर में भइल रहे लैंडिंग

बता दीं कि ई घटना अइसन समय में भइल बा, जब मास्को से गोवा जाये वाली एगो उड़ान में पिछला सप्ताह बम से उड़ावे के धमकी मिलल रहे, जवना के बाद मॉस्को-गोवा फ्लाइट के गुजरात के जामनगर हवाई अड्डा पs आपात लैंडिंग करावल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.