NASA: सुनीता विलियम्स आज रात एगो नया अंतरिक्ष यान में उड़ान भरीहे, पिछला महीना तकनीकी गड़बड़ी के चलते मिशन स्थगित कर दिहल गइल रहे

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 1, 2024

अमेरिका के अंतरिक्ष एजेंसी नासा के कहना बा कि जदी सबकुछ ठीक से चलल तs स्टारलाइनर इंटरनेशनल स्पेस स्टेशन पर गोदी लगा दी जवना के बाद सुनीता विलियम्स आ बुच विलमोर अपना साथियन का साथे

Share

अमेरिका के अंतरिक्ष एजेंसी नासा के कहना बा कि जदी सबकुछ ठीक से चलल तs स्टारलाइनर इंटरनेशनल स्पेस स्टेशन पर गोदी लगा दी जवना के बाद सुनीता विलियम्स आ बुच विलमोर अपना साथियन का साथे करीब एक हफ्ता बिता के स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान आ ओकरा उप-सिस्टम के परीक्षण करीहें ।

भारतीय मूल के अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स एक बेर फेरु अंतरिक्ष में उड़ान भरे वाली बाड़ी । ऊ बोइंग के स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान पर सवार होके अंतरिक्ष में जइहें जवन आज रात दस बजे फ्लोरिडा के केनेडी स्पेस सेंटर से उड़ जाई । एकरा से पहिले 7 मई के अंतरिक्ष यान के ऑक्सीजन वाल्व में तकनीकी खराबी के चलते उनकर उड़ान बंद हो गइल रहे।

अमेरिका के अंतरिक्ष एजेंसी नासा कहलस कि, “जदी सबकुछ ठीक हो गइल तs स्टारलाइनर इंटरनेशनल स्पेस स्टेशन पs डाक कर जाई, एकरा बाद सुनीता विलियम्स आ बुच विलमोर अपना साथी के संगे करीब एक सप्ताह बिता के स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान आ ओकरा उप-सिस्टम के परीक्षण करीहे।

सुनती विलियम्स के नाम पर एगो खास रिकार्ड बा

सुनीता विलियम्स अंतरिक्ष में रिकार्ड 322 दिन बिता चुकल बाड़ी आ सबसे अधिका घंटा अंतरिक्ष में पैदल चले वाली महिला वैज्ञानिक होखे के रिकार्ड उनका लगे बा। विलियम्स पहिली बेर 9 दिसंबर 2006 के अंतरिक्ष में गइलें आ 22 जून 2007 ले अंतरिक्ष में रहलें। सुनीता विलियम्स रिकार्ड 29 घंटा 17 मिनट ले चार बेर स्पेसवॉक कइले रहली। एकरे बाद सुनीता विलियम्स दुसरी बेर 14 जुलाई 2012 के अंतरिक्ष यात्रा पर गइली आ 18 नवंबर 2012 ले अंतरिक्ष में रहली। 59 साल के सुनीता विलियम्स कहली कि उड़ान से पहिले ऊ तनिका घबरा गइल रहली, बाकी नयका अंतरिक्ष यान में उड़ान भरला के लेके भी ऊ उत्साहित रहली। विलियम्स कहले कि इंटरनेशनल स्पेस स्टेशन उनका खातीर दूसरा घर नियन बा।

 तीसरी बेर यान अंतरिक्ष में उड़ जाई

बता दीं कि सुनीता विलियम्स तीसरी बेर अंतरिक्ष में उड़ान भरे वाली बाड़ी । एकरा संगे उनका नया स्पेस शटल के पहिला चालक दल वाला मिशन पर उड़ान भरल पहिला महिला के रूप में इतिहास बनावे के मौका मिलल बा।सुनीता बतवली कि ऊ तनी घबरा गइल बाड़ी, बाकी नयका अंतरिक्ष यान में उड़ान भरला खातीर ऊ उत्साहित बाड़ी। ऊ आगे कहली कि, जब हम इंटरनेशनल स्पेस स्टेशन पs पहुंचब तs ई घर वापसी नियन होई। 59 साल के सुनीता स्टारलाइट के डिजाइन में इंजीनियर के मदद कइली। दस दिन के एह मिशन में स्टारलाइनर के आपन अंतरिक्ष क्षमता साबित करे के मौका मिली । एकरा आधार पs एकरा के नासा के प्रमाणीकरण दिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.