Muzaffarpur News: डेंगू के मरीजन के  संख्या पहुंचल 108, स्वास्थ्य विभाग अलर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2024

जिला में डेंगू के केस लगातार बढ़ रहल बा। एक तरफ बाढ़ आपन भयंकर रूप ले लिहले बा जवना से मुजफ्फरपुर के बहुते इलाका प्रभावित हो गइल बा आ दोसरा तरफ डेंगू से भी आपन

Share

जिला में डेंगू के केस लगातार बढ़ रहल बा। एक तरफ बाढ़ आपन भयंकर रूप ले लिहले बा जवना से मुजफ्फरपुर के बहुते इलाका प्रभावित हो गइल बा आ दोसरा तरफ डेंगू से भी आपन आक्रोश देखावे लागल बा। अबहीं तक जिला में डेंगू के 108 मामला सामने आ चुकल बा। पिछला दिने माने सोमार के दिने 3 गो नया केस आइल जवना का बाद कुल मरीजन के संख्या बढ़ के 108 हो गइल बा। लगातार बढ़त डेंगू के लेके स्वास्थ्य विभाग अलर्ट मोड पऽ बा। जिला के अलग-अलग इलाका में लगातार फॉगिंग कइल जाता।

निकालल जा रहल बा ट्रैवल हिस्ट्री

जानकारी के मुताबिक कुल डेंगू के मरीज में से 12 से जादे के इलाज एसकेएमसीएच में हो रहल बा। स्वास्थ्य विभाग लगातार मरीजन पs नजर रखले बा। साथही मरीजन के ट्रैवल हिस्ट्री निकालल जा रहल बा। एह मामला के बारे में एसीएमओ डॉ. चंद्रशेखर प्रसाद मीडिया के बतवले कि हमनी के डेंगू से बचाव के पूरा तइयारी कइले बानी। जिला के अलग-अलग जगह प हॉट-स्पॉट के पहचान कइल गइल बा। अबहीं तक जिला में कवनो मरीज के मौत नइखे भइल। स्वास्थ्य विभाग के टीम लगातार इस्थिति के निगरानी में जुटल बिया।

इ हऽ डेंगू के लक्षण 

तेज बोखार, मांसपेशी अउरी जोड़ में दर्द, सिरदर्द जइसन लक्षण डेंगू के मरीज में देखाई देता। एकरा अलावे आंख में दर्द, मतली आ उल्टी जइसन लक्षण देखाई देला। गंभीर मामला में नाक, मुंह अउरी मसूड़ा से खून बहल आ त्वचा प दाना जइसन समस्या हो सकऽता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.