Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जिनिगी में एक बेर ई ५ गो किताब जरूर पढ़ीं, जिनगी में बड़ बदलाव आई

जीवन खातिर सबसे बढ़िया किताब : शरीर के स्वस्थ राखे खातिर हर तरह के पोषक तत्व के जरूरत होखेला, ठीक ओसही जीवन के निमन से जिए खातीर निमन किताब पढ़ल बहुत जरूरी बा।

944

जिनिगी में एक बेर ई ५ गो किताब जरूर पढ़ीं, जिनगी में बड़ बदलाव आई

जीवन खातिर सबसे बढ़िया किताब : शरीर के स्वस्थ राखे खातिर हर तरह के पोषक तत्व के जरूरत होखेला, ठीक ओसही जीवन के निमन से जिए खातीर निमन किताब पढ़ल बहुत जरूरी बा।

किताबन से दोस्ती कइल हमेशा फायदेमंद होला। अनुभव आ ज्ञान देला, जीवन जीए के कला सिखावेला। जइसे शरीर के स्वस्थ राखे खातिर हर तरह के पोषक तत्व् के जरूरत होला, ओसहीं जीवन के बढ़िया से जिए खातिर बढ़िया किताब (बेस्ट सेलर किताब) पढ़ल बहुत जरूरी बा। जवना में से हमनी के इहाँ कुछ ५ (५ गो बेहतरीन किताब) के बारे में बतावे जा रहल बानी जा, जवना के रउआ एक बेर जरूर पढ़ब।

 

एगो बढ़िया जीवनशैली खातिर ५ गो बेहतरीन किताब

भगवतगीता – पवित्र पुस्तक गीता के एक बार सब केहू के पढ़े के चाहीं। एहमें जीवन से जुड़ल सगरी सवालन के जवाब आसानी से मिल जाई। जिनगी के सार ओकरा में मिल जाई।

 

थिंक एंड ग्रो रिच– नेपोलियन हिल के लिखल एह किताब में रउरा पइसा कमाए के अलग अलग तरह के टिप्स मिल जाई। ई पूरा तरह से बिजनेस बेस्ड किताब ह।

 

रिच एंड पुअर डैड – एह किताब में पइसा कमाए के कई गो तरीका भी सिखावल गइल बा। रउरो ई किताब जरूर पढ़ीं। करोड़पति बने के रहस्य के बारे में रउरा सभे के पता चल जाई।

 

 जीरो टू वन – ई किताब ओह लोग खातिर बा जे स्टार्टअप शुरू कइल चाहत बा, ओह लोग के एकरा से मोटिवेशन जरूर मिली। एकरा साथे साथ लोग के प्रभावित करे के तरीका भी पढ़े के मिली। डेल कर्नेगी एकरा के लिखले बाड़न। इहो एगो प्रेरणादायक किताब बा।

 

द अल्केमिस्ट – रउआ बेस्ट सेलर किताब द अल्केमिस्ट भी जरूर पढ़ीं। पाउलो कोहेलो एह किताब के लिखले हउए । एकरा के पढ़ला के बाद रउआ दुनिया के एगो अलग नजरिया से देखे लागब।

460110cookie-checkजिनिगी में एक बेर ई ५ गो किताब जरूर पढ़ीं, जिनगी में बड़ बदलाव आई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.