मुर्शिदाबाद। पश्चिम बंगाल के मुर्शिदाबाद जिला में सुक के सबेरे एगो दर्दनाक रेल हादसा हो गइल। छात्रन के स्कूल ले जात निजी स्कूल वैन निमतिता-काटोया पैसेंजर ट्रेन से टकरा गइल। एह भीषण हादसा में दूगो छात्र सहित तीन लोगन के घटनास्थले पs मौत हो गइल, जबकि पांच छात्र गंभीर रूप से घायल हो गइल बा लोग। हादसा के बाद इलाका में अफरा-तफरी मच गइल आ राहत-बचाव के काम तुरंत सुरू कइल गइल।
लेवल क्रॉसिंग पs भइल भीषण हादसा
ई दुर्घटना पूर्व रेलवे के सियालदह मंडल के मुर्शिदाबाद जिला के बहरामपुर थाना क्षेत्र में कर्णसुबर्ण आ गोबिंदपुर रेलवे स्टेशन के बीच इस्थित लेवल क्रॉसिंग पs भइल। जानकारी के मोताबिक, निजी स्कूल के वैन छात्रन के स्कूल ले जात रहे। एही दौरान वैन रेल फाटक पार करे लागल, बाकिर सामने से आवत निमतिता-काटोया पैसेंजर ट्रेन से टकरा गइल। टक्कर एतना जबरदस्त रहे कि स्कूल वैन के परखच्चा उड़ गइल।
खुलल रहे रेल फाटक
प्रत्यक्षदर्शियन के अनुसार, हादसा के समय रेल फाटक खुलल रहे। स्थानीय लोगन के आरोप बा कि पहिले एगो अप लाइन ट्रेन गुजरला तक फाटक बंद रहे, बाकिर ओकरा बाद गेट खोल दिहल गइल। एही बीच दोसरका लाइन पs पैसेंजर ट्रेन आवत रहे, एकरा बादो रेल फाटक बंद ना कइल गइल। एह लापरवाही के चलते स्कूल वैन सीधे ट्रेन के चपेट में आ गइल। एह घटना के बाद रेलवे गेटमैन के भूमिका पs गंभीर सवाल उठ रहल बा।
हादसा में दूगो मासूम छात्र आ एगो साइकिल सवार के घटनास्थले पs मौत हो गइल। बतावल जा रहल बा कि स्कूल वैन में चालक सहित कुल आठ लोग सवार रहे। हादसा में पांच छात्र गंभीर रूप से घायल हो गइल बा लो, जेकर हालत चिंताजनक बतावल जा रहल बा।
स्थानीय लोग बचाव में जुटल
हादसा होखतही आसपास के लोग तुरंत बचाव कार्य में जुट गइल। वैन में फंसल छात्रन के बाहर निकालल गइल आ घायलन के पहिले कर्णसुबर्ण ब्लॉक अस्पताल भेजल गइल। बाद में गंभीर रूप से घायल छात्रन के बेहतर इलाज खातिर मुर्शिदाबाद मेडिकल कॉलेज आ अस्पताल रेफर कइल गइल।
पुलिस आ रेलवे सुरू कइलस जांच
घटना के सूचना मिलतही पुलिस आ रेलवे के अधिकारी घटनास्थल पs पहुंच गइल लो। पुलिस हादसा के कारण के जांच सुरू कs देले बिया। रेलवे प्रशासन ई पता लगावे में जुटल बा कि हादसा तकनीकी खराबी से भइल, मानवीय लापरवाही से भइल भा रेल फाटक संचालन में कवनो चूक रहल। फिलहाल एह दर्दनाक रेल हादसा से पूरा इलाका शोक में डूबल बा, जबकि घायल छात्रन के इलाज जारी बा।
Read Also: 17 जुलाई 2026 के राशिफलhttps://khabarbhojpuri.com/17th-july-2026-rashifal/









