[the_ad_group id="30365"]

Mumbai Crime : नाम आ धरम पूछलस, फेर कलमा पढ़े के कहलस… मुंबई में गार्ड पs चाकू से हमला

Crime : news
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। मुंबई के मीरा रोड के नया नगर इलाका में दूगो सिक्योरिटी गार्ड पs भइल हमला के जांच अब मुंबई एटीएस (ATS) सुरू कs देले बा। सुरक्षा एजेंसी एह घटना के संभावित “लोन वुल्फ” हमला (अकेले हमला करे वाला) के नजर से देखत बा। जानकारी अनुसार आरोपी जैब जुबेर अंसारी (31) ड्यूटी पs तैनात दू गो गार्ड के निशाना बनवले रहे।

धरम पूछ के गार्ड से मारपीट कइलस

चश्मदीदन के कहनाम बा कि आरोपी पहिले गार्ड लोगन से रास्ता पूछलस, फेर कुछ देर बाद लौट के ओह लोगन के धरम पूछे लागल। ईहो आरोप बा कि ऊ दू गो गार्ड में से एगो से इस्लामिक कलमा पढ़े के दबाव डललस। जब ऊ ना पढ़ पवलस, तs आरोपी धारदार हथियार से हमला कs देलस। घायल गार्ड के अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

आरोपी के घर से संदिग्ध नोट मिलल

पुलिस जब अंसारी के गिरफ्तार कs के ओकरा घर के तलाशी लेलस, तs जांच टीम के कुछ हाथ से लिखल नोट मिलल। एह नोट में ऊ ISIS में सामिल होखे के इच्छा जतवले रहलें। सूत्रन के मोताबिक, ऊ एह हमला के आतंकी संगठन में सामिल होखे के पहिला डेग बतवले रहे।

जांच में इहो बात सामने आइल कि जैब जुबेर अंसारी के जनम मुंबई के कुर्ला इलाका में भइल रहे। ऊ साइंस ग्रेजुएट बा आ 2010 से 2019 तक अमेरिका में रहे। नौकरी ना मिलला पs 2019 में भारत लवट आइल आ मीरा रोड पs अकेला रहे लागल।

ओहिजा ऊ ऑनलाइन केमिस्ट्री पढ़ावत रहे। मानल जात बा कि अकेला रहे के दौरान ऊ इंटरनेट के माध्यम से कट्टरपंथी विचारधारा से प्रभावित हो गइल। एजेंसी अब ओकर मोबाइल आ लैपटॉप के डिजिटल जांच करत बिया, ताकि पता चल सके कि ऊ कवनो बाहरी हैंडलर से जुड़ल रहे कि ना।

का बा पूरा ममिला?

जानकारी के अनुसार, अस्मिता क्लब के नजदीक बनत इमारत पs तैनात गार्ड राजकुमार मिश्रा ड्यूटी पs रहलें। एही बीच आरोपी पहुंचल आ कवनो बात पs विवाद हो गइल। अचानक ऊ चाकू निकाल के राजकुमार मिश्रा पs कइयन गो वार कs देलस। बचावे गइल दूसरकाे गार्ड सुब्रोतो सेन जख्मी हो गइलें।

सोमार के सांझ वोकहार्ट अस्पताल के पीछे बनत इमारत पs तैनात गार्ड राजकुमार मिश्रा आ सुब्रोतो रमेश सेन से आरोपी धरम पूछलस आ कलमा पढ़े के कहलस। विरोध कइला पs ऊ चाकू से हमला कs देलस।

घटना के बाद नयानगर पुलिस सीसीटीवी फुटेज के मदद से करीब डेढ़ घंटा में आरोपी के गिरफ्तार कs लेलस। फिलहाल दूगो घायल गार्ड के इलाज वोकहार्ट अस्पताल में चल रहल बा आ हालत इस्थिर बतावल जा रहल बा। ममिला के गंभीरता देखत ठाणे एटीएस आ नयानगर पुलिस मिलके जांच में जुटल बिया।

Read Also: ईरान युद्ध के बीच पहिला बेर एलएनजी टैंकर होर्मुज पार कइलस, भारत के लगे नजर आइल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]