[the_ad_group id="30365"]

ईरान युद्ध के बीच पहिला बेर एलएनजी टैंकर होर्मुज पार कइलस, भारत के लगे नजर आइल

Hormuz Strait LNG Tanker India Iran Conflict
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। ईरान युद्ध के बीच एगो बड़ खबर सामने आइल बा। यूएई के कंपनी ADNOC के एगो एलएनजी टैंकर होर्मुज जलडमरूमध्य पार कs के अब भारत के पश्चिमी तट के नजदीक नजर आ रहल बा। एह बात के जानकारी शिप-ट्रैकिंग डेटा से मिलल बा।

अगर एह जानकारी के पुष्टि हो जात बा तs 28 फरवरी से सुरू भइल ईरान युद्ध के बाद ई पहिला एलएनजी टैंकर होई, जवन सुरक्षित रूप से एह रास्ता के पार कइलस।

करीब 1.36 लाख क्यूबिक मीटर क्षमता वाला ई टैंकर, जवना के संचालन Adnoc Logistics & Services करत बा, आखिरी बेर 30 मार्च के खाड़ी इलाका में देखल गइल रहे। अब ई भारत के लगे पहुंचत नजर आ रहल बा।

होर्मुज जलडमरूमध्य पार कइलस टैंकर

ICIS LNG Edge, मरीन ट्रैफिक आ LSEG के डेटा के मोताबिक, कइयन हफ्ता तक बिना सिग्नल के रहला के बाद ई टैंकर होर्मुज जलडमरूमध्य पार कs लेलस। हालांकि कंपनी ADNOC एह पs कवनो आधिकारिक बयान देवे से इनकार कइले बिया।

शिप-ट्रैकिंग डेटा से इहो पता चलत बा कि खाड़ी इलाका में जहाज पकड़ल गइला से बचे खातिर कइयन गो तरीका अपनावत बाड़ी सs। जवना में आपन लोकेशन के सिग्नल बंद कs दिहल जा रहल बा भा गलत पहचान नंबर (MMSI) भेजल जा रहल बा।

ICIS के सीनियर LNG एनालिस्ट एलेक्स फ्रॉली के माेताबिक, कइयन बेर सिग्नल में गड़बड़ियो हो सकेला, बाकिर फिलहाल जवन लोकेशन देखावल जा रहल बा, ऊ सही लाग रहल बा।

गैस बाजार खातिर राहत के संकेत

एलेक्स फ्रॉली कहलें कि जदि ई टैंकर सुरक्षित पार कs गइल बा, तs ई गैस बाजार खातिर अच्छा संकेत हो सकेला। हालांकि ऊ साफ कइलें कि एगो टैंकर के पार होखला से ई जरूरी नइखे कि बाकी जहाज तुरंत आवे लगिहें सs, काहे कि हालात तेजी से बदलत रहेला।

बतावल जा रहल बा कि अप्रिल में कतर के कुछ टैंकर एह रास्ता से गुजरे के कोसिस कइले रहलें, बाकिर सफल ना हो पवलें। जबकि एह महीना के सुरुआत में ओमान के एगो खाली LNG टैंकर एह जलडमरूमध्य के पार करे में सफल रहल रहे।

Read Also: Manish Sisodia : मनीष सिसोदिया चललें केजरीवाल के राह पs, जज स्वर्ण कांता शर्मा के कोर्ट में जिरह से कइलें इनकार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]