मुंबई-हावड़ा मेल ट्रेन के बम से उड़ावे के धमकी, अलर्ट मोड पs जांच एजेंसी कुल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2024

    मुंबई से हावड़ा जाए वाली ट्रेन में ब्लास्ट के धमकी दिहल गईल। जवना के बाद जांच एजेंसी अलर्ट मोड में आ गईल। जवना के बाद मुंबई-हावड़ा मेल ट्रेन में तलाशी अभियान चलावल गईल।

Share

मुंबई से हावड़ा जाए वाली ट्रेन में ब्लास्ट के धमकी दिहल गईल। जवना के बाद जांच एजेंसी अलर्ट मोड में आ गईल। जवना के बाद मुंबई-हावड़ा मेल ट्रेन में तलाशी अभियान चलावल गईल।

रेलवे के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि, आज सबेरे करीब चार बजे कंट्रोल रूम के ट्रेन नंबर 12809 के भीतर बम के जानकारी मिलल बा। जलगांव स्टेशन पs ट्रेन के रोक के जांच करावल गईल। ओकरा में कवनो संदिग्ध वस्तु ना मिलल। एकरा बाद ट्रेन के गंतव्य ले सुचारू रूप से चलावल गईल।

धमकावत लिखल रहे कि ‘ का रे हिंदुस्तानी रेलवे, कe आजु सबेरे खून के लोर रोईं, आजु फ्लाइट में बम लगावल गइल बा आ ट्रेन 12809 में भी, नासिक पहुंचे से पहिले बड़का धमाका हो जाई।’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.