MP: मोदी कैबिनेट में शामिल सावित्री ठाकुर ना लिख पवली बेटी बचाओ बेटी पढ़ाओ, जवन लिखली उऽ पढ़ के पकड़ लेब माथा

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 19, 2024

Savitri Thakur: केंद्रीय राज्यमंत्री सावित्री ठाकुर बेटी बचाओ बेटी पढ़ाओ के नारा ठीक से ना लिख पवली। जवन लिखली उऽ अब चर्चा के विषय बन गइल बा। एकरा के लेके कांग्रेसो हमला बोलले बा। जानी,

Share

Savitri Thakur: केंद्रीय राज्यमंत्री सावित्री ठाकुर बेटी बचाओ बेटी पढ़ाओ के नारा ठीक से ना लिख पवली। जवन लिखली उऽ अब चर्चा के विषय बन गइल बा। एकरा के लेके कांग्रेसो हमला बोलले बा। जानी, सावित्री ठाकुर अइसन का लिखली ?

दरअसल, धार जिला में आयोजित तीन दिवसीय प्रवेशोत्सव कार्यक्रम के शुभारंभ करे खातिर महिला आ बाल विकास विभाग के केंद्रीय राज्यमंत्री सावित्री ठाकुर के बोलावल गइल रहे। कार्यक्रम में स्कूली बच्चन के तिलक लगा के स्वागत कइला के बाद शिक्षा रथ के हरिहर झंडा देखा के रवाना करे के रहे। एकरा से पहिले रथ पs लागल फ्लैक्स पs सावित्री ठाकुर के बेटी बचाओ बेटी पढ़ाओ स्लोगन लिखे के रहे। बाकिर, उऽ – बेढी पडाओ बच्चाव लिख देली।

कांग्रेस बोललस हमला

मंत्री सावित्री के वीडियो सामने अइला के बाद कांग्रेस से जिला पंचायत सदस्य मुकाम सिंह अलावा एकरा के दुर्भाग्यपूर्ण बतवलें। उऽ अपना सोशल मीडिया अकाउंट पs लिखले – लोकसभा चुनाव जीतल धार-महू लोकसभा सांसद आ केंद्रीय महिला आउर बाल विकास राज्यमंत्री सावित्री ठाकुर के बेटी बचाओ बेटी पढ़ाओ स्लोगन लिखे के रहे। बाकिर, उहो लिखे नइखे आवत, बड़ा दुर्भाग्यपूर्ण विषय बा।

सोशल मीडिया पs जमके वायरल हो रहल बा फोटो वीडियो

मंत्री ओर से लिखल गइल गलत स्लोगन लिखे के वीडियो आ फोटो सोशल मीडिया पs जमके वायरल हो रहल बा। लोग आपन – आपन प्रतिक्रियो दे रहल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.