गोरखपुर। विश्वविद्यालय चौराहा के नजदीक सुक के दुपहरिया में ओह बेरा अफरा-तफरी मच गइल, जब यात्रियन से भरल एगो सीएनजी ऑटो में अचानक आग लाग गइल आ कुछे मिनट में ऑटो धूं-धूं कs के जरे लागल। चालक के सूझबूझ आ फायर ब्रिगेड के फुरती से एगो बड़ हादसा टल गइल। ऑटो में सवार सब पांच यात्री सुरक्षित बाहर निकल गइल लाेग।
जानकारी के मोताबिक, दुपहरिया करीब एक बजे ऑटो मोहद्दीपुर से विश्वविद्यालय चौराहा के ओर जात रहे। ऑटो में पांच यात्री सवार रहे लाेग। विश्वविद्यालय चौराहा से करीब 200 मीटर पहिले ऑटो में अचानक तकनीकी खराबी आ गइल, जवना से वाहन बंद हो गइल।
प्रत्यक्षदर्शियन के अनुसार, सबसे पहिले ऑटो से धुआं निकलल सुरू भइल आ ओकरा बाद आग के लपट उठे लागल। चालक तुरंत ऑटो के सड़क किनारे रोक देलस आ सब यात्रियन के सुरक्षित बाहर उतार देलस। कुछे पल में आग पूरा ऑटो के अपना चपेट में ले लेलस।
घटना के दौरान आसपास के लोगन के बड़ भीड़ जुट गइल आ कुछ देर खातिर इलाका में अफरा-तफरी के माहौल बन गइल। ड्यूटी पs तैनात यातायात सिपाही तुरंत फायर ब्रिगेड के सूचना देलस। खबर मिलते दमकल विभाग के टीम घटनास्थल पs पहुंचल आ करीब 10 मिनट के मेहनत के बाद आग पs काबू पा लेलस।
एह घटना के चलते कुछ देर तक यातायात प्रभावित रहल। मुख्य अग्निशमन अधिकारी (सीएफओ) संतोष राय बतवलें कि सुरुआती जांच में सीएनजी सिस्टम में तकनीकी खराबी के आशंका बा। आग लागे के असली कारण के पता लगावे खातिर विस्तृत जांच करावल जा रहल बा।







