IND vs AFG Playing-11 : 129 विकेट लेवे वाला खिलाड़ी के गिल देलें डेब्यू के मवका, भारत पहिले बल्लेबाजी कs रहल बा, देखीं दुनो टीम के प्लेइंग-11

Manav Suthar

Share

स्पोर्ट्स डेस्क, नई दिल्ली। भारतीय टेस्ट टीम के कप्तान शुभमन गिल आज सनिचर से अफगानिस्तान के खिलाफ सुरू हो रहल एकमात्र टेस्ट मैच में टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइले बाड़ें। ई मुकाबला भलही आईसीसी टेस्ट चैंपियनशिप के हिस्सा ना होखे, बाकिर भविष्य के नजरिया से एह मैच के बहुते महत्व मानल जा रहल बा।

एह वजह से चयन समिति नवहा खिलाड़ियन के मवका देले बा, आ एमे से एगो खिलाड़ी आज भारत खातिर आपन अंतरराष्ट्रीय टेस्ट करिअर के सुरुआत करत बा।

मानव सुथार के मिलल डेब्यू के मवका

राजस्थान के बायां हाथ के स्पिनर मानव सुथार आज भारत खातिर टेस्ट डेब्यू करत बाड़ें। अनुभवी स्पिनर कुलदीप यादव उनका के टेस्ट कैप सवपलें। मानव घरेलू क्रिकेट में लगातार सानदार प्रदर्शन कइले बाड़ें।

मानव सुथार अब तक 29 गो फर्स्ट क्लास मैच खेल चुकल बाड़ें, जवना में ऊ 129 विकेट हासिल कइले बाड़ें आ 945 रन बनवले बाड़ें। घरेलू क्रिकेट में बढ़िया प्रदर्शन के इनाम के रूप में उनकर चयन टीम इंडिया में भइल बा।

दुनो टीम के प्लेइंग-11

भारत:
शुभमन गिल (कप्तान), केएल राहुल, यशस्वी जायसवाल, साई सुदर्शन, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), ध्रुव जुरेल, वॉशिंगटन सुंदर, मानव सुथार, कुलदीप यादव, मोहम्मद सिराज, प्रसिद्ध कृष्णा।

अफगानिस्तान:
हसमतुल्लाह शाहिदी (कप्तान), सेदीकुल्लाह अटल, रहमानुल्लाह गुरबाज, अब्दुल मलिक, रहमत शाह, अफसर जाजई (विकेटकीपर), अजमतुल्लाह ओमरजई, शराफुद्दीन अशरफ, नांगेयालिया खरोटे, जियाउर रहमान, मोहम्मद सलीम।

Read Also: Bihar Politics : सुरक्षा घटवला पs बिहार में बवाल, पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी अपना आवास से सुरक्षाकर्मियन के लवटवली, अपमान के आरोप लगवली

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-