Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर

196
  1. उत्तर प्रदेश- यूपी के विकास में सभे के सहजोग लियाई- सीएमयोगी, सतीश महाना यूपी विधानसभा के अध्यक्ष बनले।
  2. बिहार: आज आ सकेला बिहार बोर्ड मैट्रिक के रिजल्ट, सिमुलतला स्कूल पs बा सभे के नजर।
  3. झारखंड: जून के पहिला हफ्ता में पंचायत चुनाव, अप्रिल के दूसरा हफ्ता में जारी होई अधिसूचना।
  4. असम: मेघालय विवाद, 50 साल पुरान सीमा विवाद खतम, शाह के मवजूदगी में भइल समझौता, हिमन्त विस्वा बोलले- पीएम मोदी के रहे प्रयास।
  5. फसीला: पीड़ित से बियाह कइला पs रेप के केस खतम, सुप्रीम कोर्ट अनुच्छेद-142 के तहत मिलल शक्तियन के इस्तेमाल करत सुनवलस निर्णय।
  6. फसीला: कीव आ चेर्नीहीव पs हमला कम करी रूस, सरत मानी यूक्रेन।
  7. भारत-श्रीलंका में छव गो समझौतन पs हस्ताक्षर, दुनु देसन के बीचे अलग-अलग क्षेत्रन में सहजोग बढ़ावे खातिर बनल सहमति।
  8. पीएम मोदी के बंगाल सरकार पs निशाना, कहले- हिंसा के माध्यम से डेरवावल लोकतंत्र के अधिकारन के उल्लंघन।
  9. आईपीएल: राजस्थान रॉयल्स के सनराइजर हैदराबाद पs एकतरफा जीत, 61 रन हैदराबाद के हरा जीत के खाता खोललस।
  10. आईपीएल: आज कोलकाता के सोझा बंगलुरु के चुनौती।
233390cookie-checkMORNING UPDATES: भोर के 10 गो बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.