Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

710
  1. बिहार: तृणमूल कांग्रेस के सांसद के बड़ बयान, शत्रुघ्न सिन्हा बोलले- नीतीश कुमार कs सकेले विपक्षी के नेतृत्व।
  2. बिहार: गृह मंत्रालय अपने लगे रखिहें नीतीश कुमार, तेजस्वी यादव के मिली BJP आला सब मंत्रालय।
  3. उत्तर प्रदेश: अखाड़ा परिसद के अध्यक्ष नरेंद्र गिरी के आत्महत्या में आनंद गिरी के जमानत याचिका पs सुनवाई आज।
  4. उत्तर प्रदेश: साइबर फ्रॉड से बचाई स्कूल, ऑनलाइन खतरा बताके बच्चन के दिहल जाई साइबर हाइजीन के क्लास।
  5. झारखंड: पटना रांची समेत 4 ट्रैन रद्द, पुरषोत्तम के रूट बदलल।
  6. परगल में उरी जइसन हमला के कोसिस नाकाम: 15 अगस्त के पहिले आर्मी कैंप में घुसे के कोसिस कर रहल 2 आतंकी ढ़ेर, सेना के 3 जवान शहीद।
  7. कॉमनवेल्थ गेम्स के बाद 2 गो पाक बॉक्सर गायब: फेडरेशन तलाश में जुटल, यूरोप में नागरिकता पावे खातिर भागे के शक।
  8. दुनिया में शांति खातिर मोदी के नाम के प्रस्ताव : मैकिसकन राष्ट्रपति बोलले- युद्ध रोके खातिर कमीशन बनल, एमे पॉप फ्रांसिसो रहस।
  9. केरल में धौंस जमावे के अनोखा ट्रेंड: 700 रुपिया में कांस्टेबल आ 2560 रुपिया में दारोगा, एकरा अलावे 33100 रुपिया में समूचा थाना मिली।
  10. कोहली के लगे शानदार मौका: पाकिस्तान के खिलाफ टी-20 में खूब चलल बा बल्ला, 77 के बा एवरेज, वनडे में कोहली के बेस्ट पारी एशिये कप में कहले।
307930cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.