Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 21, 2022

बिहार: 2030 तक सरकारी स्कुलन में ना बची केहु स्थायी शिक्षक, रोज 10 शिक्षक हो रहल बा लो रिटायर। पछिला दु साल में 7000 से बेसी शिक्षक हो चुकल बा लो रिटायर। बिहार: बिहार में

Share

  1. बिहार: 2030 तक सरकारी स्कुलन में ना बची केहु स्थायी शिक्षक, रोज 10 शिक्षक हो रहल बा लो रिटायर। पछिला दु साल में 7000 से बेसी शिक्षक हो चुकल बा लो रिटायर।
  2. बिहार: बिहार में मानसून भइल सक्रिय, पटाना समेत 17 जिलन में बरखा, ऊमस से लोगन के मिलल राहत।
  3. उत्तर प्रदेश: दिनेश खटिक के इस्तीफा से खुलल बड़ सच्चाई, अधिकांश विभागन में अभी ले ना हो सकल काम के बटवारा; खाली नाम के राज्यमंत्री।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी के 22 लाख सरकारी कर्मियन आ पेंशनरन के सीएम योगी आज दिहें बड़ तोहफा, मिली कैसलेश इलाज के सुविधा।
  5. झारखंड: संध्या टोपनो मर्डर केस- थाना में कुंडली मार के बइठल रहले 10 पुरुष जवान, संध्या टोपनो के रात में लगा दिहल गइल ड्यूटी, सीबीआई जांच के मांग।
  6. सीनियर सिटीजनस खातिर ट्रैन के किराया में छूट दुबारा सुरु ना होई, रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव संसद में कहले खजाना पs पड़ेला भारी बोझ।
  7. होटल में खाना खइला पs देवे के होई, पुरान फसिला पs रोक:  दिल्ली हाईकोर्ट हटवलस रोक।
  8. राष्ट्रपति चुनाव के नतीजा आज: द्रौपदी मुर्मू के जीत तय, पहिला बेर विजय जुलूस निकली, 1 लाख 30 हजार आदिवासी गांवन में भाजपा मनाई जश्न।
  9. नेशनल हेराल्ड केस में आज सोनिया से पूछताछ: ED बनवलस 50 सवालन के लिस्ट, कांग्रेस के प्रदर्शन के देखत पार्टी मुख्यालय के बाहर नाकाबंदी।
  10. इंस्टाग्राम पs अभियो हिट बाड़े कोहली: एशिया के सबसे जादे कमाई करे वाला सेलिब्रिटी बनले, हर पोस्ट से कमाले 8 करोड़ रुपिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.