- बिहार: पीएम नरेंद्र मोदी के आगमन पs पटना के दहलावे के रहे साजिश, गांधी मैदान ब्लास्ट से जड़ल परवेज के तार। दौरा के लेके देश के सुरक्षा एजेंसी सतर्क रहली सs, समय रहते एह साजिश के पता चल गइल।
- बिहार: दु हफ्ता के भीतर जब्त होई बिहार कॉलेज ऑफ फार्मेसी के संपत्ति, पटना हाईकोर्ट ईपीएफओ के देलस निरदेस। कॉलेज कावर से कर्मचारियन के ईपीएफ के पईसा नइखे करावल गइल जमा।
- उत्तर प्रदेश: ACS होम अवनीश अवस्थी के मेरठ दौरा आज, विशाल कांवड़ यात्रा के तइयारियन पs करिहें समीक्षा बइठक।
- उत्तर प्रदेश: पूर्व मंत्री याकूब पs बड़ शिकंजा, कोठी में आठ घंटा चलल कार्रवाई, कप-प्लेट से एसी तक ले गइल पुलिस।
- झारखंड: देवघर के बाबा मंदिर में आज से स्पर्श पूजा बंद, भक्त अरघा से करी लो जलार्पण। VIP आ डाक बम खातिर अलग से कवनो बेवस्था नइखे कइल गइल।
- बूस्टर डोज भइल फ्री: 18 साल से ऊपर के लोगन के कोरोना बूस्टर डोज फ्री, 15 जुलाई से लगवाई।
- हामिद अंसारी: पाक पत्रकार के खुफिया जानकारी देला पs बोलले पूर्व उपराष्ट्रपति, हम उनका से कबो नइखी मिलल।
- सुशांत सिंह राजपूत केस: NCB दाखिल कइलस चार्जशीट, रिया देले रहस सुशांत के ड्रग्स, भाइयो आरोपी।
- ब्रिटिश प्रधानमंत्री बने का रेस में सबसे आगे भारतीय मूल के ऋषि सुनक।
- भारत Vs इंग्लैंड दूसरा वनडे आज: इंग्लैंड के खिलाफ 100वां जीत खातिर उत्तरी भारत, कोहली के ऊपर सस्पेंस बरकरार।
Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 14, 2022
बिहार: पीएम नरेंद्र मोदी के आगमन पs पटना के दहलावे के रहे साजिश, गांधी मैदान ब्लास्ट से जड़ल परवेज के तार। दौरा के लेके देश के सुरक्षा एजेंसी सतर्क रहली सs, समय रहते एह साजिश
Share
Tags:
Share this article






