Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2022

बिहार: मुंगेर के नक्सली एरिया कंमाडर बीडीओ कोड़ा नक्सली प्रेमिका के साथे यूपी से गिरफ्तार, 5000 रुपिया के इनाम। बिहार: पटना समेत बिहार के तीन जिलन के 46 ठिकानन पs मद्द निषेध विभाग के रेड,

Share

  1. बिहार: मुंगेर के नक्सली एरिया कंमाडर बीडीओ कोड़ा नक्सली प्रेमिका के साथे यूपी से गिरफ्तार, 5000 रुपिया के इनाम।
  2. बिहार: पटना समेत बिहार के तीन जिलन के 46 ठिकानन पs मद्द निषेध विभाग के रेड, 79 लोग भइल गिरफ्तार।
  3. उत्तर प्रदेश: पीएम नेशनल अप्रेंटिसशिप मेला आज, यूपी के 25 जिलन के नवहन के मिली रोजगार।
  4. उत्तर प्रदेश: बरेली में जहरीला पदार्थ खइला से एगो महिला आ छात्रा के मौत, जुवक के हालत गंभीर, आरोपी पति फरार।
  5. झारखंड: पीएम मोदी के देवघर आगमन बिहान, स्वागत में जरी एक लाख दिया, CM हेमंत सोरेन देले निरदेस।
  6. श्रीलंका के राष्ट्रपति भवन में मिलल खुफिया बंकर, प्रेसिडेंट के एहिजा से भागे के दावा।
  7. गोवा में टूट के कगार पs कांग्रेस, 9 MLA छोड़ सकेला लो पार्टी, नेता प्रतिपक्ष हटावल गइले।
  8. जेईई मेन -1 के रिजल्ट घोषित, करीब 7 लाख कैंडिडेट भइल रहे लो शामिल।
  9. अमरनाथ यात्रा आज से दोबारा सुरु: पंचतरणी रुट से श्रद्धालु कs सकी लो बाबा बर्फानी के दर्शन, सीआरपीएफ के जवान करी लो आगे बढ़े में मदद।
  10. तीसरा टी-20 में इंग्लैंड के 17 रन से जीत: सूर्यकुमार यादव के शतक भारत के कामे ना आ सकल सीरीज 2-1 से भारत के नावे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.