- बिहार: मौसम- बिहार में मानसूनी बारिश पs अनिश्चितता के बादल, जून ना अब जुलाई में बरसे के आसार। मौसम वैज्ञानिक लो के मोताबिक 30 जून के लमसम कम दबाव के केंद्र बिहार आ ओकरा अगरी-कगरी के झेत्र में बने के संभावना बा।
- बिहार: पहिला इंटर स्तरीय संयुक्त परीक्षा के रिजल्ट जारी, 1580 पदन खातिर केहू योग्य अभ्यर्थी ना मिलल। 2014 में भइल रहे, एह परिणाम में 11,329 अभ्यर्थियन के चयन भइल बा।
- उत्तर प्रदेश: यूपी के बिजली उपभोक्ता लोगन खातिर राहत के खबर दरन में ना होई बढ़न्ती। बैठक में विरोध के चलते स्लैब बदले के पर्सेंटेशन ना हो सकल।
- उत्तर प्रदेश: यूपी के राजनीति- बदल रहल बा मुसलमानन के राजनीतिक सोच,रामपुर उपचुनाव में सपा प्रत्याशी के हार से मिलल बड़ संकेत। सपा के साथे ना लउकल मुसलमानन के एकजुटता।
- झारखंड: माइनिंग लीज ममिला में आज सीएम हेमंत सोरेन निर्वाचन आयोग के सोझा रखिहें पक्ष, पहिले आयोग सीएम के निहोरा पs टाल चुकल बा तारीख, 14 जून के आयोग साफ कइले रहे अब ना बढ़ी सुनवाई के तारीख।
- राष्ट्रपति चुनाव: यशवंत सिंहा राष्ट्रपति चुनाव खातिर नामांकन भरले, 17 से जादे पार्टियन के समर्थन। राहल गांधी, शरद पवार आ फारुख अब्दुल्ला रहले मौजूद।
- महाराष्ट्र संकट: शिवसेना के बागी 12 जुलाई ले गुवहाटी में रही लो, उद्धव मंत्रियन से विभाग छिनले। संजय राउत के ईडी के सोझा पेशी आज।
- सोनिया गांधी के निजी सचिव पs रेप के आरोप, दलित महिला केस दर्ज करवली। दिल्ली के उत्तम नगर थाना में भइल बा केस दर्ज।
- रूस-यूक्रेन युद्ध: यूक्रेन के शॉपिंग मॉल पs रूस के मिसाइल अटैक 10 के मौत। अटैक के बेरा 1000 लोग रहे मौजूद।
- क्रिकेट: भारत-आयरलैंड दूसरा टी-20 आज, भारत सीरीज में 1-0 से आगे। आज फेर मिली उमरान मलिक के मौका। ऋतुराज गायकवाड के खेलला पs सस्पेंस।
Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर
Published on: Jun 28, 2022
बिहार: मौसम- बिहार में मानसूनी बारिश पs अनिश्चितता के बादल, जून ना अब जुलाई में बरसे के आसार। मौसम वैज्ञानिक लो के मोताबिक 30 जून के लमसम कम दबाव के केंद्र बिहार आ ओकरा अगरी-कगरी
Share
Tags:
Share this article






