Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 23, 2022

बिहार: कोलकाता से आ रहल 1500 खाध सैम्पलन के रिपोर्ट भइल चोरी। चार हजार पन्नन के रहे जांच रिपोर्ट, कइयन गो बड़ रेस्टुरेंटस के जांच रिपोर्ट रहे शामिल। बिहार: बिहार यूनिवर्सिटी में रजिस्ट्रेशन घोटाला, आठ

Share

  1. बिहार: कोलकाता से आ रहल 1500 खाध सैम्पलन के रिपोर्ट भइल चोरी। चार हजार पन्नन के रहे जांच रिपोर्ट, कइयन गो बड़ रेस्टुरेंटस के जांच रिपोर्ट रहे शामिल।
  2. बिहार: बिहार यूनिवर्सिटी में रजिस्ट्रेशन घोटाला, आठ हजार छात्रन के परीक्षा फॉर्म भरे से रोकल गइल। एके रजिस्ट्रेशन नम्बर के दु-तीन छात्रन के अलॉट करा के पार्ट वन परीक्षा में शामिल करावल गइल रहे, तब मैन्युल भराइल रहे फॉर्म।
  3. उत्तर प्रदेश: पीलीभीत में बड़ हादसा, अचके बेकाबू होके डीसीएम पलटल, 10 के मौत। गंगा नहाके हरिद्वार से लवटत रहे परिवार।
  4. उत्तर प्रदेश: लोकसभा उपचुनाव, आजमगढ़ आ रामपुर में मतदान सुरु, आजम के पुलिस पs आरोप।
  5. झारखंड: मांडर उपचुनाव खातिर आज जारी बा वोटिंग, ईवीएम में कैद होई 14 प्रत्याशियन के किस्मत; सुरक्षा के कड़ा बा इंतेजाम।
  6. उद्धव बोलले- विधायक कही लो तs इस्तीफा दे देम, परिवार के साथे सीएम हाउस छोड़ले।
  7. सोनिया गांधी के ईडी के सोझा पेशी आज, तबीयत के वजह से समय मंगली।
  8. भूकंप से हिलल अफगानिस्तान, एक हजार से जादे मौत, 1500 घायल।
  9. 6 राज्यन में उपचुनाव आज: तीन लोकसभा आ 7 विधानसभा सीट खातिर मतदान जारी। 26 जून के आई नतीजा।
  10. भारत चार दिन के अभ्यास मैच आज से खेली, 13 खेलाड़ियन के मिली मवका। एक जुलाई से बा रीसीड्युलड मैच।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.