Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2022

बिहार: जाली नोटन के कारोबार चलावे आला “सुलतान” बक्सर से गिरफ्तार। हत्या आ दुष्कर्म के कई गो केस बावे दर्ज। बिहार: अग्निपथ योजना पs बोलले तेजस्वी, कहले- ठेकेदारी प्रथा के तहत आरक्षण के समाप्त कइल

Share

  1. बिहार: जाली नोटन के कारोबार चलावे आला “सुलतान” बक्सर से गिरफ्तार। हत्या आ दुष्कर्म के कई गो केस बावे दर्ज।
  2. बिहार: अग्निपथ योजना पs बोलले तेजस्वी, कहले- ठेकेदारी प्रथा के तहत आरक्षण के समाप्त कइल जा रहल बा।
  3. उत्तर प्रदेश: का यूपी में बुलडोजर पs आदलती ब्रेक लागी, जमीयत के याचिका पs सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई आज।
  4. उत्तर प्रदेश: निशक्त संतान के आय कम तs जिनगी भर पेंशन दिहि सरकार, शासनादेश जारी।
  5. झारखंड: रांची में फेर शांति बिगाड के साजिश! खुफिया रिपोर्ट मिलते पुलिस प्रशासन एक्टिव, कइयन गो इलाका सील।
  6. स्मार्ट फोन के वजह से बोल नइखे पावत सs लईका: आमने-सामने बात करें में कम भइल रुचि, दिमाग आ नींद पs पड़ रहल बा असर।
  7. राहुल गांधी से तीन दिन में 30 घंटा पूछताछ, गिरफ्तारी के अटकलन से कांग्रेसियन के हंगामा।
  8. एलपीजी के नाया कनेक्शन 750 रुपिया महंगा। दु गो सिलेंडर खातिर 4400 रुपिया देवे के होई।
  9. राष्ट्रपति चुनाव में विपक्ष के एगो उम्मीदवार होई, ममता के बोलावल मीटिंग में बनल सहमति।
  10. कमाई में इंटरनेशनल मैचन से आगे आईपीएल, बीसीसीआई के मिली 118 करोड़ रुपिया, टेस्ट टी -20 आ वनडे से 58 करोड़ बेसी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.