Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

157
  1. बिहार: भ्रस्टाचार के ममिला में सरकार सख्त, तीन वरिष्ठ अफसरन के खिलाफ जांच के आदेश।
  2. बिहार: मधनिषेध सिपाही भर्ती परीक्षा के परिणाम भइल घोषित।
  3. उत्तर प्रदेश: वाराणसी में सीएम योगी बोलले- अयोध्या में सब पंथ आ सम्प्रदाय के लोग के आवंटित होई जमीन।
  4. उत्तर प्रदेश: योगी सरकार के अहम फसीला, तीन बरिस से एके कुरसी पs जमल सरकारी कर्मचारी होई लो एने से ओने, आदेश जारी।
  5. झारखंड: पंचायत चुनाव- 1127 पंचायतन में वोटिंग जारी। तीन बजे ले होई मतदान।
  6. दिल्ली के बिल्डिंग में आग, दु गो दमकल कर्मचारी समेत 27 के मौत, 19 लापता, बढ़ सकत बा मृतकन के आंकड़ा।
  7. कोर्ट के आदेस पs ज्ञानवापी मस्जिद के सर्वे दुबारा सुरु।
  8. दिल्ली में अतिक्रमण हटावे के मसला पs केजरीवाल सरकार के मीटिंग।
  9. कांग्रेस के चिंतन शिविर सुरु, एगो परिवार-एगो टिकट के फार्मूला ले आइल पार्टी।
  10. आईपीएल: पंजाब के बंगलुरु पs 54 रन से जीत।
250840cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.