Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: May 4, 2022

बिहार: 21 शराब माफियन के संपत्ति होई जब्त, इडी के भेजल गइल प्रस्ताव, समस्तीपुर के बीडीओ राय शामिल। बिहार: दु महीना से नइखे मिलत मनरेगा मजदूरी- मजदूरण के संख्या 1  लाख 91 हजार 619; माटी

Share

  1. बिहार: 21 शराब माफियन के संपत्ति होई जब्त, इडी के भेजल गइल प्रस्ताव, समस्तीपुर के बीडीओ राय शामिल।
  2. बिहार: दु महीना से नइखे मिलत मनरेगा मजदूरी- मजदूरण के संख्या 1  लाख 91 हजार 619; माटी के कटाई, पौधन के रोपाई आ आवास योजना हो रहल बा प्रभावित।
  3. उत्तर प्रदेश: भदोही में बेकाबू ट्रक पांच लोग के रवदलस, पुलिसकर्मियन समेत दु के मौत, ट्रक चालक समेत चार घायल।
  4. उत्तर प्रदेश: ईद के मुबारकबाद में फूटल शिवपाल के दिल के छाला, लिखले- हम ओकरा के चले के सिखवनी आ उ हमरा के रउदत चल गइल।
  5. झारखंड: सीएम के नोटिस ममिला ; भाजपा प्रदेश अध्यक्ष दीपक प्रकाश दिल्ली रवाना, कानूनी सलाह लिहे।
  6. देश के सबसे बड़ LIC के IPO रिटेल निवेशकन खातिर आज से खुली।
  7. पीएम गुजरात  मोदी यूरोप दौरा के अंतिम दिन फ्रांस में राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों से मिलिहे।
  8. डेनमार्क के प्रधानमंत्री से मिलले पीएम मोदी, ‘चलो इंडिया’ नारा देले।
  9. जोधपुर एगो झण्डा लगवला से शुरू भइल विवाद में सुलगल, कर्फ़्यू में मनल ईद।
  10. आईपीएल टेबल टौपर गुजरात के मिलल पंजाब से हार, आज बैंगलुरु आ चेन्नई के बीचे टक्कर।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.