Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 24, 2022

बिहार: पटना में अगिला हफ्ता से दउरे लागी 50 गो निजी सीएनजी बस, किराया में ना होई कवनो बदलाव। बिहार: मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के घर के पता बदलल, नाया बंगला में शिफ्ट भइले नीतीश कुमार। उत्तर प्रदेश: यूपी

Share

  1. बिहार: पटना में अगिला हफ्ता से दउरे लागी 50 गो निजी सीएनजी बस, किराया में ना होई कवनो बदलाव।
  2. बिहार: मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के घर के पता बदलल, नाया बंगला में शिफ्ट भइले नीतीश कुमार।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी सरकार के योजना, एक लाख से ऊपर के आबादी आला नगरन के मिली 24 घंटा बिजली, विधान में बदलाव।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी के भ्रष्टाचार के खिलाफ एक्शन, बेतवा नहर परियोजना झांसी में तैनात इंजीनियर बर्खास्त, असूलल जाई 77 लाख।
  5. झारखंड: देवघर एयरपोर्ट ममिला में सांसद निशिकांत दुबे सरकार के हाईकोर्ट में घसीटले दायर कईले अवमानना याचिका।
  6. पीएम मोदी जम्मू में 20 हजार करोड़ के योजना के शिलान्यास आ उद्घाटन करिहे।
  7. दिल्ली के जहांगीरपुरी में हिंसा के बाद माहौल सुधारेला तिरंगा यात्रा निकालल जाई।
  8. पीएम मोदी के जम्मू दौरा से पहिले कश्मीर में एनकाउंटर, पाकिस्तानी आतंकी ढेर।
  9. महाराष्ट्र में हनुमान चालीसा पs हंगामा, अमरावती सांसद नवनीत राणा गिरफ्तार।
  10. आईपीएल में आज लखनऊ आ मुंबई के बीचे मुकाबला, लगातार आठवां मैच हारे से मुंबई के होई बांचे के कोसिस।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.