Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 18, 2022

बिहार: शराब तस्कर के थाना में मौत के बाद तोड़फोड़, कटिहार में ग्रामीण लोग चलावल पुलिस प लाठी, SHO के रिवाल्वर छिनल लो, 10 पुलिसकर्मी जख्मी। बिहार: बिहार के 9 जिलन में भारी बरखा के

Share

  1. बिहार: शराब तस्कर के थाना में मौत के बाद तोड़फोड़, कटिहार में ग्रामीण लोग चलावल पुलिस प लाठी, SHO के रिवाल्वर छिनल लो, 10 पुलिसकर्मी जख्मी।
  2. बिहार: बिहार के 9 जिलन में भारी बरखा के अलर्ट, अगिला 7 दिन ले एक्टिव रही मानसून, पटना के कइयन गो इलाका में बूंदाबांदी। बांका, भागलपुर, पूर्वी चंपारण, जमुई, लखीसराय, मुंगेर, सारण शेखपुरा आ सीवान खातिर बा अलर्ट।
  3. उत्तर प्रदेश: 17 जातियन के आरक्षण के मुद्दा लेके तेजी से आगे बढ़ल भाजपा, श्रेय के सियासत में अब सपा के दांव। भाजपा के खलनायक साबित करे के कोसिस करी सपा।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी विधानसभा मानसून सत्र बिहान से, विधानसभा अध्यक्ष मंगले सहजोग त अखिलेश बोलले सदन में देम हमनियो के मौका।
  5. झारखंड: 30 फीट गहिराह नदी में गिरल बस, उ सिख श्रद्धालुअन के मौत, 22 से जादे घायल, गैस कटर से काट के निकालल गइल शव। हजारीबाग में भइल एह हादसा के बेरा बस में 52 लोग सवार रहे।
  6. मध्यप्रदेश के कूनो नेशनल पार्क में अइले 8 चीता: PM मोदी छोड़ले, खाना मिलते लगवलस छलांग। 70 साल के लमहर इंतेजार खतम, नामीबिया से ले आवल गइल बा चीतन के।
  7. हैदराबाद में अमित शाह के सुरक्षा में चूक, गृह मंत्री के काफिला के आगे TRS नेता लगवले कार, TRS नेता देले सफाई कार काफिला के आगे अचके रुक गइल रहे।
  8. लोन रिकवरी एजेंट गर्भवती के ट्रेक्टर से कुचललस: मौके प भइल मौत, 1.20 लाख रुपिया बकाया रहे। 12000 रुपिया बेसी ना देवे प अड़ल रहे परिवार, रिकवरी एजेंट देलस ड्राइवर के आगे बढ़े के आदेश। महिंद्रा फाइनेंस कंपनी के एमडी जतवले दुख।
  9. चंडीगढ़ यूनिवर्सिटी के 60 छात्रा लोगन के नहात बेरा के वीडियो वायरल: 8 खुदकुशी के कोसिस कइल लो, साथी छात्रा भेजलस शिमला में अपना दोस्त के लगे वीडियो।
  10. मोहम्मद शमी ऑस्ट्रेलिया सीरिज से बाहर भइले: कोरोना पॉजिटिव आइल बाड़ें, 3 मुकाबलन के सीरीज में टीम इंडिया के हिस्सा रहस। वर्ल्ड कप स्क्वैड में स्टैंडबाई बाड़ें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.