Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 12, 2022

बिहार: तावड़े खातिर आसान ना नइखे बिहार के राह, गुटन में बंटल BJP के एकजुट कइला से लेके बिखरल कैडर के समेटे तक के होई चुनौती। मराठी विनोद तावड़े के मिलल बा बिहार के प्रदेश

Share

  1. बिहार: तावड़े खातिर आसान ना नइखे बिहार के राह, गुटन में बंटल BJP के एकजुट कइला से लेके बिखरल कैडर के समेटे तक के होई चुनौती। मराठी विनोद तावड़े के मिलल बा बिहार के प्रदेश प्रभारी के जिम्मेदारी।
  2. बिहार: बीमा भारती प 5 करोड़ के मानहानि के मुकदमा, मंत्री लेशी सिंह भेजली नोटिस, पूर्व मंत्री बोलली- ऊ दागी बाड़ी, उनका के मंत्री पद से हटावस सीएम। बीमा भारती बोलली- ना हम जदयू के खिलाफ ना मुख्यमंत्री के खिलाफ, हम लेशी सिंह के खिलाफ बानी।
  3. उत्तर प्रदेश: World Dairy Summit; पीएम मोदी आज ग्रेटर नोयडा में करिहें वर्ल्ड डेयरी से के उद्घाटन। सीएम योगी करिहें पीएम मोदी के स्वागत। 46 देशन के 1500 प्रतिभागी लिही लो भाग।
  4. उत्तर प्रदेश: काशी हिंदू विश्वविद्यालय में मारपीट के आरोप में 10 छात्र एलबीएस छात्रावास से निष्कासित। 4 सितंबर के भारत-पाक मैच के दौरान भइल रहे मारपीट।
  5. झारखंड: झारखंड में अभी 4 दिन ले होत रही बरखा, मौसम विभाग जारी कइलस अलर्ट। रांची स्तिथ मौसम विभाग के मोताबिक 14 आ 15 सितंबर के करीब-करीब समूचा झारखंड में हलुक से मध्यम दर्जा के बरखा होई।
  6. शारदा पीठ के शंकराचार्य स्वामी स्वरूपानंद  सरस्वती 99 बरिस के उमिर में निधन,आज दिहल जाई समाधि: माइनर हार्ट अटैक से मध्यप्रदेश के नरसिंहपुर जिला के परमहंसी गंगा आश्रम में लेले अंतिम सांस।
  7. लॉरेंस बिश्नोई के टारगेट पs सलमान खान, मूसेवाला के हत्या में शामिल कपिल उगिललस सच: पंजाब डीजीपी के बड़ खुलासा, सलमान खान के लॉरेंस के इशारा पs कइल जात रहे, शूटर संतोष के संगे मुंबई में रहके कपिल रेकी कइले रहे।
  8. दिल्ली में 1000 लो फ्लोर बसन के खरीददारी में घोटाला, LG देले CBI जांच के मंजूरी: शराब घोटाला के बाद अब लो फ्लोर बसन के किने में दिल्ली सरकार पs लागल भ्रस्टाचार के आरोप।
  9. कांग्रेस बदललस अध्यक्ष पद के चुनाव के नियम, 5 सांसद लो कइले ट्रांसपरेंसी के डिमांड: कांग्रेस अध्यक्ष पद के चुनाव 17 अक्टूबर के होखे वाला बा। नॉमिनेशन करावे आला पार्टी नेता लोग के इलेक्टोरल कॉलेज में शामिल 9 हजार डेलीगेट्स के लिस्ट देखे के मिली।
  10. एशिया कप 2022: 8 साल बाद श्रीलंका बनल एशिया के चैंपियन, फाइनल में पाकिस्तान के 23 रन से हरवलस, प्रमोद मदुशन 4 आ हसरंगा के 3 विकेट मिलल।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.