Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

335
  1. बिहार: SP 5 पुलिसकर्मियन के लॉकअप में बंद कइले, नवादा में केस डायरी उपडेट ना होखला के सजा, पुलिस एसोसिएशन बोलल- FIR होखे। ममिला के सीसीटीवी फुटेज सामने आइल, एसपी डॉ० गौरव मंगला पs करवाई के मांग।
  2. बिहार: एक्शन में लउकले तेजप्रताप यादव, अचानक पहुंचले पटना विश्वविद्यालय, कइलें औचक निरीक्षण।
  3. उत्तर प्रदेश: लेवाना अग्निकांड में 15 अधिकारी निलंबित, मुख्यमंत्री योगी के निरदेस पs देर रात जारी भइल फरमान। विभागीय कार्यवाही करावल गइल शुरू।
  4. उत्तर प्रदेश: सपा प्रमुख आ पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के बीजेपी पs वार, बोलले- भाजपा राज में  प्रदेश विकास से सब तरे वंचित आ उपेक्षित बा।
  5. झारखंड: देवघर के त्रिकुट पहाड़ के नीचे दुकानन में लागल भीषण आग, 8 गो दुकान जलके खाक।50 लाख रुपिया के भइल नुकसान।
  6. कोलकाता में गेमिंग ऐप कंपनी पs ED के छापा:  इनाम के लालच देके ठगी के बा आरोप। ‘ई-नैगेट्स’ के 6 ठिकानन पs भइल छापेमारी।
  7. राहुल गांधी से चर्चा में पादरी के बयान पs विवाद, भाजपा कहलस- ई नफरत जोड़ो अभियान। पादरी ईसा मसीह के बतवले रहस असली भगवान।
  8. सरकारी किताबन में राष्ट्रगान से ‘उत्कल बंग’ गायब कांग्रेस बोलल- बंगाल हार के बदला ले रहल बिया भाजपा। कौशाम्बी के एह ममिला पs बेसिक शिक्षा पदाधिकारी बतवले प्रिटिंग मिस्टेक, जांच के बात कहले।
  9. 73 साल के किंग चार्ल्स-III ब्रिटेन के नया सम्राट बनले, आज से शुरू होई क्वीन के अंतिम यात्रा।
  10. रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज के भइल आगाज: इंडिया लीजेंड्स द. अफ्रीका लीजेंड्स के 61 रन से हरवलस, बिन्नी बनवले शानदार 82 रन, राहुल शर्मा 3 , रैना -ओझा 2-2 विकेट लेहल लो।
325950cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.