[the_ad_group id="30365"]

Lionel Messi : लियोनेल मेसी के हैट्रिक से रिकॉर्ड्स के टूटल बाढ़, अर्जेंटीना के अल्जीरिया पs सानदार जीत

Lionel Messi Hat-trick: Argentina Star Breaks FIFA World Cup Records
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। अर्जेंटीना के दिग्गज फुटबॉलर लियोनेल मेसी फीफा वर्ल्ड कप 2026 में इतिहास रच देले बाड़ें। 38 साल के मेसी अल्जीरिया के खिलाफ खेलत घरी अपना वर्ल्ड कप करिअर के पहिला हैट्रिक लगवलें आ रिकॉर्ड बुक में आपन नाम दर्ज करा लेलें।

फीफा वर्ल्ड कप 2026 के ग्रुप-जे मुकाबला में मेसी अल्जीरिया के खिलाफ 17वां, 60वां आ 76वां मिनट में गोल कइलें। सानदार प्रदर्शन के बाद ऊ 78वां मिनट में मैदान से बाहर चल गइलें। मेसी के एह बेहतरीन खेल के बदौलत अर्जेंटीना अल्जीरिया के 3-0 से हरा देलस आ ग्रुप-जे के प्वाइंट टेबल में पहिला स्थान पs पहुंच गइल।

मेसी बनवलें कइयन गो रिकॉर्ड

लियोनेल मेसी एह मुकाबला में खाली हैट्रिके ना लगवलें, बलुक कइयन गो बड़ रिकॉर्ड अपना नामे कs लेलें। मेसी फीफा वर्ल्ड कप इतिहास में सबसे जादे गोल करे वाला खिलाड़ी के रिकॉर्ड के बराबरी कs लेलें। अब उनका नामे वर्ल्ड कप में 16 गोल हो गइल बा।

मेसी जर्मनी के महान फुटबॉलर मिरोस्लाव क्लोजे के 16 गोल के रिकॉर्ड के बराबरी कइले बाड़ें। मैच से पहिले मेसी क्लोजे के रिकॉर्ड से तीन गोल पीछे रहलें, बाकिर हैट्रिक लगाके ऊ बराबरी कs लेलें।

पांच अलग-अलग वर्ल्ड कप में गोल करे वाला दूसरा खिलाड़ी

मेसी पांच अलग-अलग फीफा वर्ल्ड कप में गोल करे वाला दुनिया के दूसरा फुटबॉलर बन गइल बाड़ें।उनका से पहिले पुर्तगाल के स्टार खिलाड़ी क्रिस्टियानो रोनाल्डो ई उपलब्धि हासिल कइले बाड़ें।अल्जीरिया के खिलाफ मुकाबला मेसी के इंटरनेशनल करिअर के 200वां मैच रहल। सुरुआती मिनट में गोल कs के मेसी अर्जेंटीना के 1-0 के बढ़त दिला देलें।

अर्जेंटीना के एकतरफा जीत

मैच के सुरुआत में दुनो टीम के एक-एक गोल ऑफसाइड के कारण रद्द हो गइल। एकरा बाद अर्जेंटीना खेल पs आपन पकड़ मजबूत कs लेलस। कप्तान मेसी सानदार अंदाज में पहिला गोल दाग के टीम के बढ़त दिला देलें।

दूसरका हाफ में 60वां मिनट पs मेसी आपन दूसरका गोल कइलें। ई गोल उनका वर्ल्ड कप करिअर के 15वां गोल रहल, जवन वर्ल्ड कप में डेब्यू के ठीक 20 साल बाद आइल। फेर 76वां मिनट में मेसी तीसरा गोल दाग के हैट्रिक पूरा कइलें आ अर्जेंटीना के जीत पक्का कs देलें।

मेसी के नाम ऐतिहासिक उपलब्धि

अल्जीरिया के खिलाफ तीसरा गोल करतहीं मेसी के वर्ल्ड कप गोल के संख्या 16 हो गइल आ ऊ मिरोस्लाव क्लोजे के रिकॉर्ड के बराबरी कs लेलें। मेसी के एह ऐतिहासिक प्रदर्शन से अर्जेंटीना के प्रशंसकन में खुसी के माहौल बा आ फुटबॉल जगत में एक बेर फेर उनकर महानता के चरचा सुरू हो गइल बा।

Read Also: UGC NET Admit Card 2026 जारी, NTA के वेबसाइट से अइसे करीं डाउनलोड

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]