दिल्ली में डॉ. मनमोहन सिंह के स्मारक बनवाई मोदी सरकार, कांग्रेस के दिहल गईल जानकारी- सूत्र

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 28, 2024

देश के प्रधानमंत्री रहल डॉ. मनमोहन सिंह के बियफे के दिने 92 बरीस के उमिर में दिल्ली एम्स में निधन हो गइल. शुक के पीएम मोदी समेत देश के सभ प्रमुख नेता मनमोहन सिंह के

Share

डॉ. मनमोहन सिंह के स्मारक बनवाई मोदी सरकार

देश के प्रधानमंत्री रहल डॉ. मनमोहन सिंह के बियफे के दिने 92 बरीस के उमिर में दिल्ली एम्स में निधन हो गइल. शुक के पीएम मोदी समेत देश के सभ प्रमुख नेता मनमोहन सिंह के श्रद्धांजलि देले। साथही अब मोदी सरकार डॉ. मनमोहन सिंह के बड़हन सम्मान देबे के फैसला कइले बिया. सरकारी सूत्र के हवाला से पीटीआई के ओर से जानकारी दिहल गईल बा कि केंद्र सरकार देश के राजधानी नई दिल्ली में डॉ. मनमोहन सिंह के स्मारक बनाई।

कांग्रेस पs राजनीति करे के आरोप

केंद्र के मोदी सरकार कांग्रेस पार्टी पs एs मुद्दा पs राजनीति करे के आरोप लगवले बिया।  आधिकारिक सूत्र बतावत बाड़े कि पूर्व पीएम मनमोहन सिंह के सम्मान में स्मारक बनावे के फैसला भईल बा। हालांकि स्मारक बनावे खातिर कवनो उपयुक्त जगह खोजे में कुछ दिन लागी। एगो सरकारी सूत्र कहले कि, “मनमोहन सिंह के सम्मान में स्मारक बनावे के सरकार के फैसला के बारे में कांग्रेस के जानकारी दिहल गईल बा। बाकिर उs एs मुद्दा पs राजनीति में लागल बाड़े।”

कांग्रेस का कहलस?

कांग्रेस पार्टी पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के स्मारक खातीर जगह के मांग कईले रहे। पार्टी शुक के कहले रहे कि मनमोहन सिंह के अंतिम संस्कार अवुरी स्मारक खातीर जगह ना मिलल देश के पहिला सिख प्रधानमंत्री के जानबूझ के अपमान बा।

खरगे पीएम मोदी से बात कईले रहले

कांग्रेस के राष्ट्रीय अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के समाधिस्थल खातीर केंद्र सरकार से जगह के मांग कईले रहले। मल्लिकार्जुन खरगे एह मुद्दा पs भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से भी बात कईले रहले अवुरी उनुका से स्मारक खातीर जगह के मांग कईले रहले। कांग्रेस के ओर से जारी चिट्ठी में कहल गईल बा कि डॉ. मनमोहन सिंह के अंतिम संस्कार अयीसन जगह पs होखे के चाही, जहां उनुकर स्मारक बनावल जा सके।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.