नई दिल्ली। केंद्र सरकार देस में रेलवे के इंफ्रास्ट्रक्चर के मजबूत करे आ ट्रेन के आवाजाही के आसान बनावे खातिर आधुनिकीकरण पs लगातार जोर दे रहल बिया।
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अध्यक्षता में भइल केंद्रीय कैबिनेट के बैठक में रेलवे के आधुनिकीकरण से जुड़ल कइयन गो महत्वपूर्ण परियोजनन के हरियर झंडी दे दिहल गइल।
केंद्रीय रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव कैबिनेट के फैसला के जानकारी देत बतवलें कि देस में 11 हजार किलोमीटर लमहर हाई-डेंसिटी नेटवर्क बा। एह नेटवर्क के 7 प्रमुख कॉरिडोर पs भारतीय रेलवे के करीब 40 फीसदी ट्रैफिक निर्भर बा।
भविष्य में बढ़े वाला यातायात के दबाव के धेयान में राखत एह सात हाई-डेंसिटी कॉरिडोर के चार लेन माने क्वाड्रुपल ट्रैक में बदले के योजना बा। एकरा से रेलवे लाइन पs ट्रेनन के आवाजाही के क्षमता बढ़ी आ यात्रियन के ट्रेन लेट होखे के समस्या से राहत मिले के उम्मीद बा।






