गोरखपुर रेलवे स्टेशन पs मोबाइल चोर गिरोह पकड़ाइल , तीन गो गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 28, 2024

गोरखपुर: पुलिस अधीक्षक रेलवे अनुभाग गोरखपुर, संदीप कुमार मीना (IPS) के निर्देशन आ पुलिस उपाधीक्षक रेलवे, विनोद कुमार (PPS) के पर्वेक्षण में जीआरपी थाना गोरखपुर के पुलिस टीम एगो बड़ सफलता हासिल कइलस। गोरखपुर जंक्शन

Share

गोरखपुर रेलवे स्टेशन पs मोबाइल चोर गिरोह के पकड़ल गइल

गोरखपुर: पुलिस अधीक्षक रेलवे अनुभाग गोरखपुर, संदीप कुमार मीना (IPS) के निर्देशन आ पुलिस उपाधीक्षक रेलवे, विनोद कुमार (PPS) के पर्वेक्षण में जीआरपी थाना गोरखपुर के पुलिस टीम एगो बड़ सफलता हासिल कइलस। गोरखपुर जंक्शन रेलवे स्टेशन पs सक्रिय मोबाइल चोरी करने वाला गिरोह के भंडाफोड़ करत पुलिस तीन लोगन के गिरफ्तार कइलस.

गिरफ्तार लोगन में दुगो बालिग आ एगो विधि के उल्लंघन करे वाला नाबालिग शामिल बा। एकरी लगे से चोरी के 44 मोबाइल, एगो देशी तमंचा, एगो जिन्दा कारतूस, आ एगो रामपुरिया चाकू बरामद कइल गइल रहले. बरामद मोबाइलन के कुल कीमत लगभग 10 लाख रुपिया आंकल गइल बा.

गिरफ्तार लोगन के विवरण
मनोज मंडल (35 वर्ष): निवासी महराजपुर, जिला साहिबगंज, झारखंड, करन कुमार नोनिया (19 वर्ष): निवासी तीनपहाड़, जिला साहिबगंज, झारखंड, ओम कुमार नोनिया (15 वर्ष): निवासी तीनपहाड़, जिला साहिबगंज, झारखंड.

गिरफ्तार लोगन पs पहिले से भी कईयो मामला दर्ज बा। एमे चोरी, लूट, आ अवैध हथियार रखले जइसन गंभीर अपराध शामिल बा एह कार्रवाई में प्रभारी निरीक्षक श्री विजय प्रताप सिंह, सर्विलांस प्रभारी सुनील कुमार मौर्य, आ उनकर टीम के अन्य सदस्य अहम भूमिका निभवले. अभियुक्तन के न्यायालय में पेश कइल जाई, आ मामला के गहन जांच कइल जा रहल बा.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.