जी-20 शिखर सम्मेलन : जी-20 के बइठक के तइयारी में विदेश मंत्रालय, लद्दाख समेत कइयन गो राज्य में बइठक के कईल जाई आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 7, 2022

भारत दिसंबर में जी-20 के अध्यक्षता पद सम्हार ली। जी-20 के बइठक के लेके विदेश मंत्रालय सक्रिय हो गइल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक ई बइठक देश के कइयन गो राज्य में आयोजित होई। एह

Share

भारत दिसंबर में जी-20 के अध्यक्षता पद सम्हार ली। जी-20 के बइठक के लेके विदेश मंत्रालय सक्रिय हो गइल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक ई बइठक देश के कइयन गो राज्य में आयोजित होई। एह संबंध में विदेश मंत्रालय राज्यन के एगो चिट्ठी लिखले बा। चिट्ठी में राज्यन से विश्वस्तरीय बइठक करावे के व्यवस्था का बारे में पूछल गइल बा। विदेश मंत्रालय के मोताबिक जी-20 के बइठक के आयोजन केंद्र शासित प्रदेश जम्मू कश्मीर आउर लद्दाखो में कईल जा सकत बा। एह पर पड़ोसी देश चीन आ पाकिस्तान लद्दाख में होखे वाला बइठक के विरोध जतवले बा।

विदेश मंत्रालय नोडल अधिकारी नियुक्त कइलस 

लगभग दु साल से लद्दाख में भारत आउर चीन के बीचे तनाव के माहौल बा। इहाँ विदेश मंत्रालय लद्दाख में जी-20 के आयोजन करे के फसिला कईले बा। जी-20 शिखर सम्मेलन से पहिले कई गो बइठकन के आयोजन कइल जाई। समाचार वेबसाइट इंडियन एक्सप्रेस के मोताबिक, विदेश मंत्रालय लद्दाख के बइठक खाती एगो वरिष्ठ आईएएस अधिकारी आ एगो पुलिस अधिकारी के नोडल अधिकारी के रूप में नियुक्त कईले बा।

चीन लद्दाख में जी-20 के बइठक के विरोध करत बा

चीन जम्मू कश्मीर आ लद्दाख में होखे वाला बइठक के विरोध जतवले बा। पिछला हफ्ता एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान चीन के विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता झाओ लिजियान जी-20 के बइठक के बारे में कहले कि हमनी के संबंधित जानकारी के संज्ञान लेले बानी। कश्मीर पs चीन के रुख सुसंगत आ साफ बा। ई भारत आ पाकिस्तान के बीच पहिले से चलल आ रहल मुद्दा बा। एकर उचित समाधान संयुक्त राष्ट्र के संबंधित प्रस्ताव आ द्विपक्षीय समझौता के अनुसार होखे के चाहीं। ओने, पाकिस्तानो एह बइठक के विरोध जतवले बा।

जी-20 समूह में शामिल देश

जी-20 अर्थब्यवस्था वाला देशन के एगो समूह हs। जवना में अर्जेंटीना, ऑस्ट्रेलिया, ब्राजील, कनाडा, चीन, यूरोपीय संघ, फ्रांस, जर्मनी, भारत, इंडोनेशिया, इटली, जापान, मैक्सिको, रूस, सऊदी अरब, दक्खिन अफिरका, दक्खिन कोरिया, तुर्की, यूनाइटेड किंगडम आ अमेरिका शामिल बा। स्पेन एगो स्थायी अतिथि हs जवना के हर साल बोलावल जाला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.