छपरा में गर्मी के कहर, तापमान 40 डिग्री के पार: मौसम विभाग जारी कइलस अलर्ट, 19 जून के बरखा के अनुमान

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2023

बढ़त गरमी आ लू के चलते दुपहरिया में शहर के सड़क सुनसान हो गइल बाड़ी सs। लोग खूब जरुरी काम रहला के बादे घर से घर से बाहर निकल रहल बा लो। सारण जिला में

Share

बढ़त गरमी आ लू के चलते दुपहरिया में शहर के सड़क सुनसान हो गइल बाड़ी सs। लोग खूब जरुरी काम रहला के बादे घर से घर से बाहर निकल रहल बा लो। सारण जिला में मौसम विभाग के तरफ से यलो अलर्ट के चेतावनी दिहल गइल बा। जहां 14 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से गरम हवा चलला के अनुमान जतावल गइल बा।

मौसम विभाग के अलर्ट जारी

मौसम विभाग 16 जून के सारण सहित 13 जिलन में हिट वेव के अलर्ट जारी कइले बा। छपरा में तापमान 40 डिग्री से जादे होखे के अनुमान जतावल गइल बा। आवे वाला दू दिनन में सारण में गरमी आपन कहर बरसावे वाला बा।

19 जून के बरखा होखे के अनुमान जतावल गइल बा। गरमी से आम जनजीवन अस्तव्यस्त हो गइल बा। सदर अस्पताल से लेके निजी अस्पतालन तक लू लगला के मरीजन में बढ़न्ती भइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.