[the_ad_group id="30365"]

बिहार में कोरोना पs बैठक: CM नीतीश बोललें- केंद्र से नइखे मिल रहल वैक्सीन, राज्य खुद किनके कराई टीकाकरण

Nitish Kumar Bihar's Chief Minister
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नितिद्जमुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोमार के कोरोना के इस्थिति आ सरकार के तइयारियन पs उच्चस्तरीय समीक्षा बैठक कइलें। एह दौरान ई बात सामने आइल कि केंद्र सरकार के ओर से कोरोना रोधी वैक्सीन उपलब्ध नइखे करावल जा रहल बा, जवना कारण टीकाकरण नइखे हो पा रहल। राज्य सरकार खुदे वैक्सीन किन के लोगन के टीकाकरण करावे के फैसला लेले बिया।

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलें कि देस के कुछ राज्यन में कोरोना संक्रमण के ममिला बढ़ल बा। बिहार में पिछिला दु-तीन दिनन में कोरोना के ममिला बढ़ल बा। इहां हर रोज बड़ संख्या में जांच करावल जा रहल बा। देस में 10 लाख के आबादी पs औसत जांच छव लाख के करीब बा, जबकि बिहार मे औसत जांच आठ लाख से बेसी बा।

जरूर पढ़ी: 8th Pay Commission: एनपीएस के रिव्यू खातिर कमिटी बनवला के बाद 8वां वेतन आयोग के गठन के मोदी सरकार कs सकत बिया एलान!

मुख्यमंत्री अधिकारियन के निरदेस देलें बाड़ें कि लोगन के जादे से जादे जांच होेखे। अस्पतालन में मरीजन के इलाज के पूरा बेवस्था रखल जाव। सब दवा उपलब्ध रहे। ऑक्सीजन के उपलब्धता सुनिश्चित करावल जाव। भीड़-भाड़ वाला इलाकन में लोग मास्क के प्रयोग करे। संगही सभे के सतर्क रहे के सलाह देलें बाड़े।

अस्पतालन में कइल जाये मॉक ड्रिल

मुख्यमंत्री कहलें कि राज्य के सब अस्पतालन में मॉक ड्रिल करावल जाये। बैठक में उप मुख्यमंत्री तेजस्वी प्रसाद यादव, वित्त मंत्री विजय चौधरी, मुख्यमंत्री के प्रधान सचिव दीपक कुमार, मुख्य सचिव आमिर सुबहानी, मुख्यमंत्री के प्रधान सचिव डॉ. एस सिद्धार्थ, सचिव अनुपम कुमार आ स्वास्थ्य विभाग के सचिव संजय कुमार सिंह मवजूद रहे लो।

आउर पढ़ी: National Party: ‘आप’ के राष्ट्रीय पार्टी के दर्जा मिलल, ममता के तृणमूल आ शरद पवार के NCP के बरियार झटका

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]