[the_ad_group id="30365"]

MBBS Seats : मेडिकल छात्रन खातिर बड़ राहत, देसभर में MBBS के 13,186 सीट बढ़ल, कुल संख्या 1.40 लाख के पार

MBBS Seats Increased by 13,186 Across India
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। देसभर के मेडिकल कॉलेज में दाखिला के प्रक्रिया तेजी से चल रहल बा। एह बीच राष्ट्रीय चिकित्सा आयोग (NMC) संशोधित सीट मैट्रिक्स जारी कइले बा। नया सीट मैट्रिक्स के मोताबिक, एम्स जइसन राष्ट्रीय महत्व के संस्थानन के छोड़ के देस में MBBS के कुल 1,40,214 सीट हो गइल बा।

एमे सरकारी मेडिकल कॉलेज के 61,185 सीट सामिल बा, जवना में 2,786 सीट के बढ़न्ती भइल बा। ओहिजा निजी मेडिकल कॉलेज में MBBS के 65,843 सीट बा आ एमे 10,400 सीट बढ़ल बा।

कर्नाटक में सबसे जादे 1,650 सीट बढ़ल

राज्यन के बात करीं तs कर्नाटक में सबसे जादे 1,650 नया MBBS सीट जोड़ल गइल बा। एकरा बाद तमिलनाडु में 1,250 आ बिहार में 1,240 सीट बढ़ल बा। उत्तर प्रदेश में 1,200, राजस्थान में 1,100 आ तेलंगाना में 1,010 नया सीट जोड़ल गइल बा।

नया सीट जुड़ला के बाद कर्नाटक में MBBS के कुल सीट 15,745 हो गइल बा। तमिलनाडु में कुल सीट के संख्या 14,299 पहुंच गइल बा।

राजस्थान आ तेलंगाना में बड़ बढ़न्ती

राजस्थान में MBBS के 1,100 नया सीट बढ़ल बा, जवना के बाद राज्य में कुल 8,280 सीट हो गइल बा। तेलंगाना में 1,010 सीट बढ़े के बाद कुल 10,450 MBBS सीट हो गइल बा। पश्चिम बंगाल में 975, छत्तीसगढ़ में 645, महाराष्ट्र में 550 आ आंध्र प्रदेश में 525 सीट बढ़ल बा।

झारखंड आ मध्य प्रदेश में 520-520 सीट बढ़ल

नया सीट मैट्रिक्स के अनुसार झारखंड आ मध्य प्रदेश दुनो राज्य में MBBS के 520-520 सीट बढ़ावल गइल बा। हरियाणा में 350, केरल में 300 आ गुजरात में 250 सीट के इजाफा भइल बा। पुडुचेरी आ उत्तराखंड में 200-200, जबकि जम्मू-कश्मीर में 175 नया सीट जोड़ल गइल बा।

कइयन गो राज्यन में 100 भा ओकरा से कम सीट बढ़ल

असम, ओडिशा आ सिक्किम में 100-100 MBBS सीट बढ़ल बा। चंडीगढ़, गोवा, पंजाब आ त्रिपुरा में 50-50 सीट के बढ़न्ती भइल बा। मणिपुर में 25 सीट जोड़ल गइल बा।

हिमाचल प्रदेश में सबसे कम खाली एगो नया MBBS सीट जोड़ल गइल बा। एह बढ़न्ती के बाद राज्य में MBBS सीट के कुल संख्या 871 हो गइल बा। नया सीट बढ़ला से देसभर के मेडिकल छात्रन खातिर MBBS में दाखिला के अवसर बढ़े के उम्मेद बा।

Read Also: IND vs AFG : पहिला टी20 में सहवाग के पीछे छोड़िहें वैभव सूर्यवंशी? तीन छक्का के बा जरूरत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]