यूपी विधानसभा के नेता प्रतिपक्ष के भइल ऐलान, माता प्रसाद पांडे के मिलल जिम्मेदारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2024

    यूपी विधानसभा के नेता प्रतिपक्ष के घोषणा हो गईल बा। माता प्रसाद पाण्डेय के यूपी विधानसभा में विपक्ष के नेता चुनल गइल बा. अखिलेश सरकार में विधानसभा अध्यक्ष रहले। माता प्रसाद सात बेर

Share

 

 

यूपी विधानसभा के नेता प्रतिपक्ष के घोषणा हो गईल बा। माता प्रसाद पाण्डेय के यूपी विधानसभा में विपक्ष के नेता चुनल गइल बा. अखिलेश सरकार में विधानसभा अध्यक्ष रहले। माता प्रसाद सात बेर विधायक रहल बाड़न। उs सिद्धार्थ नगर के इटावा विधानसभा सीट (समाजवादी पार्टी) से विधायक बाड़े।

आईं बता दीं कि नेता प्रतिपक्ष के दौड़ में इंद्रजीत सरोज, रामअचल राजभर आ तूफानी सरोज के नाम भी शामिल रहे, बाकिर फाइनल मोहर  माता प्रसाद पांडे के नाम पs लागल रहे।  माता प्रसाद के राज्य के राजनीति में एगो मजबूत नेता के पहचान बा। उs उत्तर प्रदेश विधानसभा के अध्यक्ष भी रहल बाड़े। माता प्रसाद के अखिलेश के करीबी मानल जाला।

बता दीं कि एकरा से पहिले समाजवादी पार्टी के मुखिया अखिलेश यादव खुद विपक्ष के नेता रहले।उs मैनपुरी के करहल विधानसभा सीट से विधायक रहले। बाकिर, 2024 के लोकसभा चुनाव में कन्नौज से सांसद चुनल गईला के बाद उs करहल विधानसभा सीट छोड़ देले अवुरी नेता प्रतिपक्ष के पद भी छोड़ देले। जवना के बाद अब इटवी विधानसभा सीट से समाजवादी पार्टी के विधायक माता प्रसाद पांडेय के विपक्ष के नेता बनावल गईल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.