Mahakumbh Fire: शास्त्री ब्रिज के नीचे पंडाल में लागल आग

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 19, 2025

प्रयागराज के महाकुंभ मेला इलाका में शास्त्री पुल के नीचे पंडाल में भारी आग लाग गईल। मेला क्षेत्र के सेक्टर 19 में सिलेंडर विस्फोट के चलते इs आग शुरू भईल। जवना में आग में 18

Share

Mahakumbh Fire

प्रयागराज के महाकुंभ मेला इलाका में शास्त्री पुल के नीचे पंडाल में भारी आग लाग गईल। मेला क्षेत्र के सेक्टर 19 में सिलेंडर विस्फोट के चलते इs आग शुरू भईल। जवना में आग में 18 टेंट जर गईल। आग पs काबू पावे खातिर 15-16 फायर टेंडर मौका पs भेजल गईल। मेहनत के बाद आग पs काबू पा लिहल गईल बा। आग लागे के कारण अबे तक साफ नईखे भईल। आगलागी के घटना के बाद अस्पताल में तईयारी कईल गईल बा। शुक्र बा कि अबहीं ले कवनो जानमाल के नुकसान के खबर नइखे आइल.  मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ घटना के जायजा लेवे खातीर मौका पs पहुंचले। उs प्रभावित इलाका के निरीक्षण करत अधिकारी के जरूरी निर्देश देले। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भी सीएम योगी से बात कईले अवुरी घटना के जानकारी लेले।

महा कुंभ मेला इलाका के सेक्टर-19 के पांटून पुल 12 स्थित अखिल भारतीय धर्म संघ श्रीकरपात्री धाम वाराणसी के शिविर में आग लाग गइल। एकरा बाद अवुरी शिविर भी आग के चपेट में आ गईल, अवुरी ओमे राखल एलपीजी सिलेंडर भी धमाका से विस्फोट होखे लागल। सिलेंडर रुक-रुक के फटत रहे। समाचार एजेंसी पीटीआई के मुताबिक एs दुर्घटना में 19 सिलेंडर विस्फोट हो गईल। एकरा बाद एहतियात के तौर पs 10 डॉक्टर के इमरजेंसी में सेंट्रल अस्पताल महाकुंभ में बोलावल गईल। एसआरएन अस्पताल के अलर्ट मोड में भी डाल दिहल गईल बा। मुख्यमंत्री योगी आगलागी के घटना के संज्ञान लेले बाड़े।  मुख्यमंत्री के निर्देश पs वरिष्ठ अधिकारी मौका पs मौजूद बाड़े।  मुख्यमंत्री घायल के उचित इलाज के निर्देश देले बाड़े।

धुआं लगभग 300 फीट तक बढ़त रहे, सीएम योगी भी महाकुंभ क्षेत्र में

आग लगला के दु मिनट बाद फायर ब्रिगेड के गाड़ी पहुंचल।  दस मिनट के प्रयास के बाद भी आग ना बुझावल जा सकल, जवना के बाद अवुरी टीम भी आग बुझावे के जिम्मा लेले।  आग 100 वर्ग मीटर से अधिक क्षेत्र में फैल गईल। आग के लपट 30 फीट तक ऊँच होखत रहे, अराजकता के बीच अधिकारी भी मौका पs भागत देखाई देले। उल्लेखनीय बा कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी महाकुंभ इलाका में बाड़े।

25 टेंट जलल, ट्रेन के संचालन भी बंद
बतावल जात बा कि महाकुंभ में लागल भारी आग में 25 से अधिका टेंट जर गइल बा. मुख्य सड़क पs लोहा के पुल के नजदीक आग लाग गईल। हवा के गति सामान्य से तीन गुना तेज होखे के चलते अवुरी टेंट में भी आग लाग सकत रहे। एक दर्जन से अधिका फायर टेंडर आग बुझावे में व्यस्त रहले। आग लागे वाला जगहा के नजदीक रेल पुल के मौजूदगी के चलते ट्रेन के संचालन भी बंद हो गईल बा।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ मोस्ट स्टाइलिश एक्टर्स में से एगो रहले फिरोज खान, जे कई दशक तक फिलिम इंडस्ट्री पs कइलें राज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.