Mann Ki Baat: 15 अगस्त से पहिले ई काम करी… देशवासियन से पीएम नरेंद्र मोदी के विशेष अपील

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2024

पीएम मोदी कहले कि देश के हर घर में जब तिरंगा फहरे ला तs हमनी के गर्व महसूस होखेला। पीएम कहले कि घर में तिरंगा अभियान के लेके जनता में उत्साह बढ़ रहल बा। इहे

Share

पीएम मोदी कहले कि देश के हर घर में जब तिरंगा फहरे ला तs हमनी के गर्व महसूस होखेला। पीएम कहले कि घर में तिरंगा अभियान के लेके जनता में उत्साह बढ़ रहल बा। इहे कारण बा कि कुछ लोग तिरंग के अपना दोस्त आ पड़ोसी के बांट देवेले।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ‘मन की बात’ कार्यक्रम में कहले कि काल्ह ‘बाघ दिवस’ मनावल जाई। बाघ हमनी के स्वभाव के अभिन्न अंग हs, हमनी के सब बाघ के कहानी सुन के बड़ भइ ल बानी। एकरा संगे-संगे पीएम मोदी कहले कि जंगल में रहेवाला हर आदमी बाघ के संगे तालमेल बईठ के जियल जानेला। पीएम मोदी एक बार फिर ‘हर घर तिरंगा अभियान’ के जिक्र कइले। ऊ कहले कि 15 अगस्त के हमनी के ‘हर घर तिरंगा अभियान’ के तहत अपना घर में राष्ट्रीय झंडा फहरावे के होई।

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ट्वीट कs कहले कि, ‘ मोदी जी के आभार’।

MYogiAdityanath

आदरणीय प्रधानमंत्री श्री नरेंद्र मोदी जी आज ‘मन की बात’ कार्यक्रम में 15 अगस्त ‘स्वतंत्रता दिवस’ से जुड़ल ‘हर घर तिरंगी अभियान’ के लेके देश के जनता के अपार उत्साह के बात कइले बानी।

प्रधानमंत्री जी हमनी सभे से गोहार लगवले बाड़े कि एह साल भी देश के गौरव तिरंगा के संगे सेल्फी लेके हरघरतिरंगा डॉट कॉम पs अपलोड करीं।

आईं, आईं सभे एह जन-आह्वान में शामिल होके भारत माता के सब वीर सपूत, ज्ञात/अज्ञात अमर शहीद आ देशभक्तन के पवित्र स्मृति के श्रद्धांजलि दीं।

प्रधानमंत्री जी के दिल से धन्यवाद !

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.