सुल्तानपुर सांसद के जीत के खिलाफ हाईकोर्ट पहुंचली मानेका गांधी, गंभीर आरोप लगवली

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2024

Lucknow politics : सुल्तानपुर लोकसभा चुनाव जीते वाला रामभूआल निषाद के चुनाव के लखनऊ हाईकोर्ट में पूर्व केंद्रीय मंत्री आ पूर्व सांसद मानेका गांधी चुनौती देले बाड़ी। गंभीर आरोप लगावत ऊ कोर्ट से निषाद के

Share

Lucknow politics : सुल्तानपुर लोकसभा चुनाव जीते वाला रामभूआल निषाद के चुनाव के लखनऊ हाईकोर्ट में पूर्व केंद्रीय मंत्री आ पूर्व सांसद मानेका गांधी चुनौती देले बाड़ी। गंभीर आरोप लगावत ऊ कोर्ट से निषाद के चुनाव रद्द करे के अपील कइले बाड़ी।

सुल्तानपुर के सांसद रामभुआल निषाद के चुनाव के हाईकोर्ट में चुनौती दिहली केंद्रीय मंत्री रहल मानेका गांधी। ऊ राम भूआल पs आपन आपराधिक इतिहास छिपावे के आरोप लगवले बाड़ी। असल में सुल्तानपुर से मानेका गांधी के हरा के रामभूआल निषाद सपा सांसद बन गइल बाड़न। मानेका रामभूआल निषाद के चुनाव के कई गो आधार पs चुनौती देले बाड़ी। नामांकन के समय दाखिल हलफनामा में आपराधिक इतिहास से जुड़ल जानकारी छिपावे के आरोप रामभूआल निषाद पs लागल बा। मानेका गांधी कोर्ट में अपील कइले बाड़ी कि निषाद के चुनाव रद्द कर दिहल जाव। याचिका पs सुनवाई 30 जुलाई के संभव बा।

याचिका के मुताबिक रामभूआल निषाद के खिलाफ 12 गो आपराधिक मामला लंबित बा, जबकि ऊ अपना हलफनामा में मात्र 8 मामिला के जानकारी देले। याचिका के मुताबिक रामभूआल निषाद गोरखपुर के पिपराईच थाना के दुगो आपराधिक मामला आ बड़हलगंज थाना के तीन गो आपराधिक मामला के जानकारी छिपावे के कोशिश कइले बाड़े । याचिका में रामभूआल निषाद के चुनाव रद्द कs के याचिकाकर्ता मानेका गांधी के चुनल घोषित करे के मांग कइल गइल बा।

अधिवक्ता प्रशांत सिंह अटल पूर्व मंत्री मानेका गांधी के ओर से चुनाव याचिका दायर कइले बाड़े आ उनका पs गलत जानकारी देके चुनाव लड़े के आरोप लगवले बाड़े। ऊ बतवले बाड़े कि कोर्ट में बहुत दस्तावेज पेश करत ऊ याचिका में कहले बाड़े कि राम भूआल निषाद गलत जानकारी देके चुनाव लड़ले बाड़े; एकरा चलते उनकर चुनाव रद्द होखे के चाही। उनका खिलाफ 12 मामला दर्ज बा, बाकी ऊ खाली 8 मामला के जिक्र कइले बाड़े। उल्लेखनीय बा कि पछिला चुनाव में समाजवादी पार्टी के नेता रामभुआल निषाद मानेका गांधी के 43174 वोट से हरा देले रहले। एकरा से पहिले 2019 में सुल्तानपुर सीट पs मानेका गांधी जीत चुकल रहली। जबकि 2014 में उनकर बेटा वरुण गांधी जीतल रहले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.