बरेली में सीएम योगी के सिर कलम करे के धमकी देवे वाला युवक गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 11, 2025

बरेली में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सिर काटे के धमकी देवे वाला मैजान रजा के प्रेमनगर थाना गिरफ्तार कs लेलस। उs सोशल मीडिया पs लिखले कि हम चुनौती देतानी कि महाकुंभ के ना होखे दिहल

Share

सीएम योगी धमकी देवे वाला युवक गिरफ्तार

बरेली में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सिर काटे के धमकी देवे वाला मैजान रजा के प्रेमनगर थाना गिरफ्तार कs लेलस। उs सोशल मीडिया पs लिखले कि हम चुनौती देतानी कि महाकुंभ के ना होखे दिहल जाई। चाहे केतनो सिर काटे के पड़े। एक्स पs मामला के शिकायत कईला के बाद प्रेमनगर थाना 30 साल के मैजान रजा के गिरफ्तार कs लेलस। आरोपी शहर के एगो प्रतिष्ठित स्कूल से पढ़ाई कईले बा।

मैजान रजा नाव के आईडी से सनातन धर्म, राम मंदिर, महाकुंभ पs अशोभनीय टिप्पणी कइल गइल. मुख्यमंत्री योगी के सिर काटे के धमकी भी रहे। आरोपी राम मंदिर के बारे में लिखले रहे कि 2025 भी राम मंदिर के अंतिम साल हs। हिन्दूवादी संगठन के लोग एडीजी, आईजी अवुरी एसएसपी से एकरा के जिहादी मानसिकता बतावत शिकायत कईले रहले अवुरी कड़ा कार्रवाई के मांग कईले रहले। आरोपी के जल्दी गिरफ्तारी के मांग कईल गईल। पुलिस शुक के रात आरोपी मैजान रजा के गिरफ्तार कs लेलस। 

सोशल मीडिया पs आपत्तिजनक पोस्ट करे के आरोपी युवक के हिरासत में लेके पूछताछ शुरू कs दिहल गईल बा। फिलहाल गांव में पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा। स्टेशन प्रभारी बतवले कि गांव में कवनो प्रकार के तनाव नईखे। आरोपी युवक केहु के ओर से अपना पोस्ट के संपादित करे के बात करता। जांच जारी बा। जे दोषी होई ओकरा खिलाफ कार्रवाई होई। 

इहो पढ़ीं : वर्षगांठ पs सज गइल अयोध्या नगरी, सीएम योगी करिहें रामलला के महाआरती

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.