संतोष देशमुख हत्याकांड: मंत्री धनंजय मुंडे दिहले पद से इस्तीफा, करीबी पs लगवले हत्या के आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 4, 2025

महाराष्ट्र सरकार के मंत्री धनंजय मुंडे आजु मंगल के दिने मंत्री पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न. सूत्र इs जानकारी देले बाड़े।  सूत्र के मुताबिक महाराष्ट्र में राकांपा नेता अवुरी कैबिनेट मंत्री धनंजय मुंडे अपना

Share

संतोष देशमुख हत्याकांड

महाराष्ट्र सरकार के मंत्री धनंजय मुंडे आजु मंगल के दिने मंत्री पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न. सूत्र इs जानकारी देले बाड़े।  सूत्र के मुताबिक महाराष्ट्र में राकांपा नेता अवुरी कैबिनेट मंत्री धनंजय मुंडे अपना पद से इस्तीफा दे देले बाड़े। सीएम देवेंद्र फडणवीस आपन इस्तीफा मान लिहले बाड़न. सीएम फडणवीस कम समय में विधानसभा में एकर घोषणा करीहे।

बता दीं कि बीड जिला के मसाजोग गाँव के सरपंच संतोष देशमुख के हत्या का मामिला में पुलिस आरोप पत्र दायर कइले बिया. हत्या के दिल दहला देवे वाला तस्वीर सामने आईल बा। बता दीं कि अब एह हत्या के आरोप में महाराष्ट्र सरकार के मंत्री धनंजय मुंडे के करीबी सहायक वाल्मिक कराड आ अउरी कई लोग के गिरफ्तार इs लिहल गइल. अब संतोष देशमुख हत्या के मामला में धनंजय मुंडे के खिलाफ महाराष्ट्र सरकार एक्शन मोड में आ गईल बिया। मानल जाता कि मंगल के धनंजय मुंडे मंत्री पद से इस्तीफा दे सकतारे।

विपक्ष चेतावनी दिहलस

बीड के मसाजोग गांव के सरपंच संतोष देशमुख के हत्या के मामिला में सगरी आरोपी धनंजय मुंडे के करीबी कार्यकर्ता बतावल जात बाड़े. मानल जाता कि धनंजय मुंडे प इस्तीफा देवे के दबाव काफी बढ़ गईल बा। अयीसना में उ आज इस्तीफा के घोषणा कs सकतारे। विपक्ष भी एगो बड़ घोषणा कईले रहे कि अगर धनंजय मुंडे आज इस्तीफा ना दिहे तs सदन के काम ना करे दिहे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.