महाराष्ट्र में मिलल कोरोना के 43 नया मामला, एक्टिव केस के संख्या पहुंचल 200 पार

By Anurag Ranjan

Published on: May 26, 2025

महाराष्ट्र में एक बार फेर कोरोना संक्रमण के केस बढ़े लागल बा। राज्य में कुल 43 गो कोरोना संक्रमण के मामला सामने आइल बा। प्रशासन के ओर से जारी आंकड़ा के मुताबिक, महाराष्ट्र के पुणे

Share

महाराष्ट्र में एक बार फेर कोरोना संक्रमण के केस बढ़े लागल बा। राज्य में कुल 43 गो कोरोना संक्रमण के मामला सामने आइल बा। प्रशासन के ओर से जारी आंकड़ा के मुताबिक, महाराष्ट्र के पुणे में कोरोना के 35 नया मामला सामने आईल बा। एकरा साथे ही पुणे में कोरोना के 8 गो नया मामला सामने आइल बा। एकरा संगे महाराष्ट्र में कोरोना संक्रमण के कुल सक्रिय केस के संख्या बढ़ के 209 हो गईल बा।

कुल 300 केस मिलल बा 

महाराष्ट्र में जनवरी से कुल 300 कोरोना केस सामने आइल बा। जनवरी में 1, फरवरी में 1, मार्च में 0, अप्रैल में 4, अवुरी मई में 242 मामला दर्ज भईल। जवन आंकड़ा सामने आईल बा ओकरा मुताबिक महाराष्ट्र में कोरोना के सबसे जादे मार मई महीना में भईल बा। एह महीना में कुल केस के 80 प्रतिशत मामला दर्ज हो चुकल बा।

87 मरीज ठीक होके घरे लवट अइले

अबे ले महाराष्ट्र में कोरोना के चलते 4 लोग के मउत हो चुकल बा। हालांकि अबहीं ले कवनो नया मउत दर्ज नइखे भइल. जनवरी के बाद से मुंबई में कुल केस 248 बा।महाराष्ट्र में कुल कोविड केस में से 82.67% (300 में से 248) मुंबई के बा। एही बीच कोरोना से 87 मरीज ठीक होके लवटल बाड़े।

सावधानी आ टिप्स के बारे में बतावल गइल बा

*भीड़ वाला जगह भा घर के भीतर मास्क लगावल, खास तौर पs अगर आपके अस्वस्थता महसूस होखता।

*बार बार हाथ धोकर साफ रखना।

*परिवार आ दोस्तन में ना फइलावे खातिर मास्क पहिरे आ संक्रमित भइला पs अपना के अलगा कइल.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.