Maharashtra: ‘ हम खाली एगो अजित दादा के जानत बानी, जेकरा दिल्ली गइल पसंद ना हs’, सुप्रिया सुले  कसली तंज

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 23, 2024

महाराष्ट्र में चुनाव तारीख के एलान हो चुकल बा आ मतदान में अब खाली लगभग एक महीना के समय बांचल बा, बाकिर अभी ले महाराष्ट्र के दुनो गठबंधनन में सीटन के बंटवारा के आधिकारिक एलान

Share

सुप्रिया सुले आ अजित पवार - फोटो : ANI

महाराष्ट्र में चुनाव तारीख के एलान हो चुकल बा आ मतदान में अब खाली लगभग एक महीना के समय बांचल बा, बाकिर अभी ले महाराष्ट्र के दुनो गठबंधनन में सीटन के बंटवारा के आधिकारिक एलान नइखे भइल। सीटन के बंटवारा खातिर महायुति गठबंधन के नेता भाजपा नेतृत्व से चरचा खातिर दिल्ली के दौरा कs रहल बा लो। एनसीपी प्रमुख अजित पवार के बार-बार दिल्ली गइला पs अब उनकर चचेरी बहिन आ सांसद सुप्रिया सुले तंज कसले बाड़ी। अजित पवार अपना पार्टी के नेता प्रफुल्ल पटेल के संगे मंगरो के दिल्ली के दौरा पs रहस।

का कहली सुप्रिया सुले

दरअसल, सुप्रिया सुले बारामती के दौरा पs बाड़ी, एह दौरान उनका से अजित पवार के बार-बार दिल्ली जाये के लेके सवाल कइल गइल रहे। एह पs सुले कहली कि हमरा खाली एगो अजित दादा इयाद बाड़ें, जिनका दिल्ली जाइल पसंद ना रहे। हमरा नइखे पता कि ऊ दिल्ली काहे गइलें, काहेकि हम महीनन से उनका संपर्क में नइखी आ हम ई जवाब ना दे पायेम कि ऊ दिल्ली काहे गइलें।’ गौर करे वाला बात बा कि अजित पवार मंगर के कहलें कि सत्तारूढ़ महायुति गठबंधन राज्य विधानसभा चुनाव खातिर सीट बंटवारा के सौदा के अंतिम रूप दे दिहल गइल बा।

सीट बंटवारा के लेकर अभी ले आधिकारिक एलान ना

सोमार के मुंबई में भाजपा आ शिवसेना के नेता लोगन के बीच बैठक भइल, जेमे अजित पवार आ उनका पार्टी के कवनो नेता मवजूद ना रहे लो। जब एकरा लेके सवाल कइल गइल तs अजित पवार कहलें कि, ‘भाजपा आ शिवसेना के बीच कुछ सीटन पs निर्णय लिहल जाये के बा, अइसन में हमरा बैठक में सामिल होखे के कवनो कारण ना रहे।’ सत्तारूढ़ गठबंधन के कवनो नेता अभी ले सीट बंटवारा के लेके आधिकारिक एलान नइखे नइखे कइले, बाकिर मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, राज्य के 288 विधानसभा सीटन में से भाजपा 156 सीटन पs चुनाव लड़ सकत बिया, जबकि शिवसेना 78 सीटन पs लड़ सकत बिया आ एनसीपी के चुनाव लड़े खातिर 54 सीट मिल सकत बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.