Mahakumbh : महाशिवरात्रि के मद्देनजर आज से मेला क्षेत्र नो व्हीकल जोन, परब के समापन तक लागू रही बेवस्था

Mahakumbh : महाशिवरात्रि के मद्देनजर आज से मेला क्षेत्र नो व्हीकल जोन, परब के समापन तक लागू रही बेवस्था

Share

महाकुंभ के अंतिम स्नान परब महाशिवरात्रि के देखत मंगर से मेला क्षेत्र नो व्हीकल जोन रही। मंगर से सुरू होके ई प्रतिबंध परब के समाप्ति तक लागू होई। एह दौरान प्रशासकीय आ चिकित्सीय वाहनन के छोड़के मेला क्षेत्र में आउर वाहनन के प्रवेश प्रतिबंधित रही। परब पs यातायात ईबेवस्था सुचारू रखे खातिर ई निर्णय मेला पुलिस के ओर से लिहल गइल बा। मंगर के सबेरे आठ बजे से ई बेवस्था लागू होई। डीआईजी मेला वैभव कृष्ण बतवलें कि मेला क्षेत्र में वाहनन के प्रवेश ना दिहल जाई। श्रद्धालुअन के वाहन स्थान रिक्त होखे तक निकटतम पार्किंग स्थलन में पार्क करावल जाई। महाशिवरात्रि पs अक्षयवट दर्शन खातिर बंद रही।

बाहर के जनपदन से आवे वाला वाहनन खातिर पार्किंग बेवस्था

जौनपुर के तरफ से आवे वाला वाहन

  • चीनी मिल पार्किंग
  • पूरा सूरदास पार्किंग गारापुर रोड
  • समयामाई मंदिर कछार पार्किंग
  • बदरा सौनौटी रहीमापुर मार्ग उत्तरी/दक्षिणी पार्किंग

जौनपुर के तरफ से आवे वाला श्रद्धालु पार्किंग में अपना वाहनन के खड़ा कs के पैदल ओल्ड जीटी मार्ग से मेला क्षेत्र में प्रवेश करिहें सs आ मेला क्षेत्र में स्नान के बाद अपना निकटतम इस्थित महादेव गंगोली शिवाला मंदिर में दर्शन पूजन कs सकेम।

वाराणसी के तरफ से आवे वाला वाहन

  • महुआ बाग थाना झूंसी पार्किंग (अखाड़ा पार्किंग)
  • सरस्वती पार्किंग झूंसी रेलवे स्टेशन
  • नागेश्वर मंदिर पार्किंग
  • ज्ञान गंगा घाट छतनाग पार्किंग

शिव मंदिर उस्तापुर महमूदाबाद पार्किंगवाराणसी के तरफ से आवे वाला श्रद्धालु पार्किंग में वाहनन के खड़ा कs के पैदल छतनाग मार्ग से मेला क्षेत्र में प्रवेश करेम आ मेला क्षेत्र में स्नान के बाद अपना निकटतम इस्थित नागेश्वर महादेव मंदिर पs जाके दर्शन पूजन कs सकेम सs।

मिर्जापुर के तरफ से आवे वाला वाहन

  • देवरख उपरहार पार्किंग उत्तरी/दक्षिणी
  • टेंट सिटी पार्किंग मदनुआ/मवइया/देवरख
  • ओमेक्स सिटी पार्किंग
  • गजिया पार्किंग उत्तरी/दक्षिणी

पार्किंग में वाहनन के खड़ा कs के पैदल अरैल बांध रोड से मेला क्षेत्र में प्रवेश होई। श्रद्धालु सोमेश्वर महादेव मंदिर में दर्शन पूजन कs सकेम सs।

रीवा-बांदा-चित्रकूट के तरफ से आवे वाला वाहन

  • नवप्रयागम पार्किंग पूर्वी/पश्चिमी/विस्तार
  • एग्रीकल्चर इंस्टीट्यूट पार्किंग यमुना पट्टी
  • महेवा पूरब/पश्चिम पार्किंग
  • मीरखपुर कछार पार्किंग

पार्किंग में वाहनन के खड़ा कs के पैदल ओल्ड रीवा मार्ग आ न्यू रीवा मार्ग होत अरैल बांध से मेला में प्रवेश होई। श्रद्धालु सोमेश्वर महादेव मंदिर में दर्शन-पूजन कs सकेम सs।

कानपुर-कौशाम्बी के तरफ से आवे वाला वाहन

1- काली एक्सटेंशन प्लॉट नंबर 17 पार्किंग

2- इलाहाबाद डिग्री कॉलेज मैदान

3- पार्किंग दधिकांदो मैदान पार्किंग

पार्किंग से श्रद्धालु पैदल जीटी जवाहर चौराहा होत काली मार्ग से मेला में जाएम। इहां से मनकामेश्वर मंदिर आ दशाश्वमेध मंदिर में दर्शन पूजन कs सकेम।

लखनऊ-प्रतापगढ़ के तरफ से आवे वाला वाहन

  • गंगेश्वर महादेव कछार पार्किंग
  • नागवासुकि पार्किंग
  • बक्शी बांध कछार पार्किंग
  • बड़ा बघाड़ा पार्किंग
  • आईईआरटी पार्किंग उत्तरी/दक्षिणी पार्किंग
  • शिव बाबा पार्किंग

श्रद्धालु नागवासुकि मार्ग से मेला में प्रवेश कs सकेम सs। स्नान के बाद ऊ नागवासुकि मंदिर, गंगेश्वर महादेव मंदिर आ कोटेश्वर महादेव मंदिर में दर्शन पूजन कs सकी लो।

मेला क्षेत्र में पैदल आवागमन

  1. संगम आवे वाला श्रद्धालु जीटी जवाहर से प्रवेश कs के काली सड़क, काली रैंप से होत संगम अपर मार्ग से त्रिवेणी तट पs पहुंचेम सs।
  2. श्रद्धालु अक्षयवट मार्ग होत इंटरलॉकिंग मार्ग, त्रिवेणी मार्ग होत लवटेम।

Read Also: काशी विश्वनाथ मंदिर में अगिला 3 दिन खातीर VIP एंट्री  बंद, जानीं काहे लिहल गइल इs बड़ फैसला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-