Mahakumbh 2025: प्रयागराज में शुरू भइल योगी कैबिनेट के अहम बैठक, होखे वाला बा कईयो कईयो अहम फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 22, 2025

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु आपन पूरा मंत्रिमंडल के साथे प्रयागराज में मौजूद बाड़न.  यूपी के मंत्रिमंडल के बइठक प्रयागराज के अरैल में हो रहल बा जवना में 12 से अधिका बड़का प्रस्ताव

Share

योगी आदित्यनाथ

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु आपन पूरा मंत्रिमंडल के साथे प्रयागराज में मौजूद बाड़न.  यूपी के मंत्रिमंडल के बइठक प्रयागराज के अरैल में हो रहल बा जवना में 12 से अधिका बड़का प्रस्ताव के मंजूरी दिहल जा सकेला.  एह बइठक के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ उनुकर सगरी 54 मंत्री संगम में डुबकी लगा के माई गंगा से प्रार्थना करीहें.  अबकी बेर भक्तन के सुविधा के ध्यान में राखत अरैल में बइठक करावे के फैसला भइल बा. बैठक के बाद सभ मंत्री अरैल वीआईपी घाट से मोटर बोट से संगम जईहे, जहां सीएम योगी समेत सभ मंत्री पूजा करीहे।

मंत्रिमंडल के बइठक में बहुते बड़हन फैसला लिहल जा सकेला

बता दीं कि आजु के मंत्रिमंडल के बइठक में बहुते महत्वपूर्ण प्रस्ताव के मंजूरी मिल सकेला. एहमें से यूपी के 40 लाख विद्यार्थियन के टैबलेट आ स्मार्टफोन उपलब्ध करावे के प्रस्ताव सबसे महत्वपूर्ण मानल जाला. एकरा अलावे प्रयागराज, वाराणसी अवुरी आगरा नगर निगम के बॉंन्ड जारी करे के फैसला भी लिहल जा सकता। बुनियादी ढांचा अवुरी शिक्षा के सुधार खातीर इs एगो महत्वपूर्ण कदम होई।  एकरा अलावे हाथरस, बागपत अवुरी कासगंज के मेडिकल कॉलेज पीपीपी मोड पs, आगरा में नाया आवासीय परियोजना, बलरामपुर के सरकारी मेडिकल कॉलेज अवुरी यूपी एयरोस्पेस अवुरी रक्षा इकाई के प्रोत्साहन नीति पs भी फैसला लिहल जा सकता।7 जिला के मिला के धार्मिक सर्किट बनावे के प्रस्ताव के भी मंजूरी दिहल जा सकता।

अखिलेश यादव मंत्रिमंडल के बैठक के निशाना बनवले

सपा प्रमुख अखिलेश यादव प्रयागराज में हो रहल उत्तर प्रदेश के मंत्रिमंडल के बइठक के निशाना बनवले बाड़न.  पत्रकारन से बतियावत अखिलेश कहले कि कुंभ आ प्रयागराज अइसन जगह ना हs जहाँ राजनीतिक कार्यक्रम आ फैसला लिहल जाला.  मंत्रिमंडल राजनीतिक बा आ कुंभ का जगहा मंत्रिमंडल के बइठक करावल राजनीतिक बा.  हमनी में से बहुत लोग बा जे गंगा में नहा के अईले रहते आ तस्वीर तक ना डालले रहते।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ सदाबहार सुंदरी आ हिट फिलिमन के गारंटी रहली ‘मधुबाला’, बाकिर अपने आखिरी समय में काहें हो गइली एकदम अकेल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.