Madhya Pradesh : पन्ना में बनत कुआं धंसल, माटी में दबला से 5 मजदूरन के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: May 26, 2026

जबलपुर। मध्य प्रदेश के पन्ना जिला के अजयगढ़ जनपद अंतर्गत बीहरपूवा गांव में मंगर के दिने एगो दर्दनाक हादसा हो गइल। इहां खेत में कुआं के खुदाई होत रहे, एही दौरान अचानक माटी धंस गइल

Share

Madhya Pradesh Panna Well Collapse Incident

जबलपुर। मध्य प्रदेश के पन्ना जिला के अजयगढ़ जनपद अंतर्गत बीहरपूवा गांव में मंगर के दिने एगो दर्दनाक हादसा हो गइल। इहां खेत में कुआं के खुदाई होत रहे, एही दौरान अचानक माटी धंस गइल आ मलबा में 5 मजदूर दब गइल लोग। घटना के खबर मिलतही बचाव दल फौरन मवका पs पहुंचल आ राहत-बचाव अभियान सुरू कइल गइल। हादसा के बाद गांव में बड़ संख्या में लोग जुट गइल।

मलबा में से निकालल गइल शव

करीब 2-3 घंटा तक लगातार चलल राहत-बचाव अभियान के बाद पांचों मजदूरन के मलबा में से बाहर निकालल गइल, बाकिर तब तक बहुत देर हो चुकल रहे आ सब केहू मौत हो गइल। एह दुखद घटना से पूरा गांव में मातम पसर गइल बा।

Read Also: Barabanki Road Accident : दर्दनाक सड़क हादसा में चार लोगन के मौत, तीन के हालत गंभीर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.