Barabanki Road Accident : दर्दनाक सड़क हादसा में चार लोगन के मौत, तीन के हालत गंभीर

By Anurag Ranjan

Published on: May 26, 2026

बाराबंकी। हैदरगढ़ इलाका में लखनऊ-सुल्तानपुर हाईवे पs एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। सड़क किनारे खड़ा ट्रक में पीछे से तेज रफ्तार इनोवा कार जा टकराइल, जवना में चार लोगन के मौत हो गइल जबकि

Share

बाराबंकी। हैदरगढ़ इलाका में लखनऊ-सुल्तानपुर हाईवे पs एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। सड़क किनारे खड़ा ट्रक में पीछे से तेज रफ्तार इनोवा कार जा टकराइल, जवना में चार लोगन के मौत हो गइल जबकि तीन लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल।

जानकारी के मोताबिक, इनोवा सवार राहुल (35), राहुल कुमार (36), सत्यम (38) आ ट्रक के खलासी सूरज यादव (30) के मौत हो गइल। ओहिजा चंदन सिंह (35), पंकज (34) आ प्रशांत गंभीर रूप से घायल हो गइल बा लोग। घायल लोगन के इलाज खातिर ट्रामा सेंटर रेफर कइल गइल बा।

बतावल जा रहल बा कि इनोवा सवार सब केहू बनारस से कैंची धाम जात रहे। हादसा के बाद हाईवे पs अफरा-तफरी मच गइल आ पुलिस तुरंत मवका पs पहुंच के राहत आउर बचाव के काम सुरू कइलस।

पुलिस के मोताबिक, इनोवा में सवार लोग गाजीपुर आ बलिया जिला के निवासी बतावल जा रहल बा। हादसा के बाद परिवार में मातम पसर गइल बा।

Read Also: Chile Earthquake : चिली में 6.9 तीव्रता के जोरदार भूकंप, केहू के जानमाल के नुकसान ना, सुनामी के खतरा टलल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.