माँ यूथ ऑर्गेनाईजेशन द्वारा भइल वार्षिक क्विज के आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: May 11, 2022

नवहन के समुचित विकास ला हमेसा काम करत रहे वाली संस्था माँ यूथ ऑर्गेनाईजेशन द्वारा हर साल के तरे एहु साल ब्रिलिएंट माइंड ऑफ सारण 2022 क्विज के आयोजन कइल गइल। जवना में जिला के

Share

नवहन के समुचित विकास ला हमेसा काम करत रहे वाली संस्था माँ यूथ ऑर्गेनाईजेशन द्वारा हर साल के तरे एहु साल ब्रिलिएंट माइंड ऑफ सारण 2022 क्विज के आयोजन कइल गइल। जवना में जिला के जलालपुर, बनियापुर, नगरा आ अगरी-कगरी के प्रखंडन में वर्ग 08, 09 आ 10 के 30 विद्यालयन में लगभग 3200 छात्र प्रतियोगिता में भाग लिहल लो। प्रतियोगिता के संचालन के भूमिका निभा रहल वायु सेना के जवान अभिषेक सिंह बतवले कि एह प्रतियोगिता के माध्यम से क्षेत्र के प्रतिभाशाली छात्रन के चयन कs के ओह लो के पुरष्कृत कइल जाई आ ओह लो के उज्जवल भविष्य खातिर मार्गदर्शन उपलब्ध करावल जाई।

संगठन के अध्यक्ष अमित कुमार सिंह प्रतियोगिता के सफल आयोजन पs संगठन के सदस्य लो, विद्यालय के प्रबंधकगण आ छात्रन के आवाज के प्रति आभार व्यक्त कइनी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.