लखनऊ विश्वविद्यालय में एक साल के भी होई पीजी कोर्स

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 4, 2022

लखनऊ विश्वविद्यालय में एक साल के भी होई पीजी कोर्स, तैयारी शुरू लखनऊ विश्वविद्यालय नई शिक्षा नीति लागू कइले के तैयारी में बा। विश्वविद्यालय प्रशासन एकर कवायद शुरू कs देहले बा। लखनऊ विश्वविद्यालय एक साल

Share

लखनऊ विश्वविद्यालय में एक साल के भी होई पीजी कोर्स, तैयारी शुरू

लखनऊ विश्वविद्यालय नई शिक्षा नीति लागू कइले के तैयारी में बा। विश्वविद्यालय प्रशासन एकर कवायद शुरू कs देहले बा। लखनऊ विश्वविद्यालय एक साल के परास्नातक पाठ्यक्रम (पीजी) कोर्स करावे जा रहल बा।
लखनऊ विश्वविद्यालय अब नई शिक्षा नीति के अनुरूप एक वर्षीय परास्नातक पाठ्यक्रम बनवले के क़वायद शुरू कs देहले बा। कुलपति प्रो आलोक कुमार राय एकर प्रारूप तैयार कइले के निर्देश देहले बानें। जौने खातिर एगो कमेटी के गठन कइल गइल बा। जेकरे सदस्यन में अधिष्ठाता छात्र कल्याण प्रो. पूनम टंडन, डीन कला संकाय- प्रो. प्रेम लता सुमन, डीन अकादमिक- प्रो राकेश चंद्रा, डीन शोध- प्रो. राजीव पांडे, प्रो. पीयूष भार्गव अउर प्रो. रचना मज्जू, शामिल बानें लोग। ई कमेटी एक वर्षीय पीजी पाठ्यक्रम के प्रारूप तैयार करी। हालांकि सत्र 2022-23 में एक वर्षीय पीजी पाठ्यक्रम लागू हो पावल मुश्किल बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.